कपिलवस्तु आ रुपन्देही से १३ जने कोरोना संक्रमित पुष्टि

    494

    रुपन्देही, ०७ जेठ ।

    बुधके दिने कपिलवस्तु आ रुपन्देही से मिलके अउरी १३ जने कोरोना संक्रमितके पुष्टि भइल बा । भैरहवामे रहल प्रदेश जनस्वस्थ्य प्रयोगशालामे कईल गइल पीसीआर परीक्षणमे रुपन्देही आ कपिलवस्तुमे १३ जने कोरोना संक्रमित के पुष्टि भइलके जानकारी मिलल बा ।

    प्रयोगशाला श्रोतके हिसाब से १२ जने कपिलवस्तु से आ एक जने रुपन्देहीके युवकमे कोरोना संक्रामण देखल गईल बा । उ लोग सब कोई भारत से वापस नेपाल आइल रहे लोग आ उ लोगके क्वारेंटाइनमे राखल गईल रहे ।

    रुपन्देहीके बेलाहिया सीवान से प्रदेश सरकारके समन्वय मे आ के क्वारेंटाइनमे रहल लोग मे कोरोना संक्रामण देखल गईल श्रोतके कहनाम बा । स्वास्थ्य मंत्रालय अभी तक एकर औपचारिक जानकारी नईखे करवले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here