कमिसनखोरी के आरोप लागल नारायणी अस्पतालके डॉ.अशोक कुशवाहा प कड़ा कार्यवाही के मांग

    913

    आस, वीरगंज, भादों ३ ।

    नारायणी उप-क्षेत्रीय अस्पताल के इमेर्जेंसी वार्ड में कार्यरत डॉक्टर अशोक कुशवाहा पर कमिसनखोरी आ चरम लापरवाही के ताजा घटना के लेके उनका ऊपर कड़ा कार्यवाही करेके मांग कइल गइल बा ।

    कमिसनखोरी के चक्कर में आम जनता के स्वस्थ्य से खेलवाड़ करेवाला डॉ. कुशवाहा ऊपर कड़ा से कड़ा कार्यवाही करे खातिर अस्पताल प्रसासन से मांग कइल गइल बा ।

    ताजा घटना में २ दिन पहिले एतवार के बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वडा नं. २४ हरपुर बलुवा निवासी तारिफ हुसेन आपन बेटा के इलाज खातिर नारायणी अस्पताल के इमरजेंसी में कार्यरत डॉ. कुशवाहा से देखइले रहले माकिर कमिशन के लोभ में डॉ. कुशवाहा अस्पताल में ही हो जाए वाला ल्याब टेस्ट के अस्पताल में ना करा के बाहर के प्राइवेट एक प्याथलोजी ल्याब में भेजले रहले जेमे हुसेन के बेटा के टाइफ़ाइड रोग लागल देखवले रहे जब की उहे टेस्ट अस्पताल के ल्याब में करवाला पर टाइफोइड ना रहल खुलल रहे ।

    इहे विषय के लेके सत्यतथ्य बुझे आ दोसी ऊपर कड़ा कार्यवाही करेके मांग सहित इहाँ के स्थानीय युवा के एक समूह अस्पताल प्रसासन के निमित्त प्रमुख डॉ. सुरेन्द्र प्रसाद चौधरी से मिलले बा लोग ।

    स्थानीय युवा कृष्ण चौरसिया के नेतृत्व में २०-३० जेने के युवा समूह अस्पताल के निमित्त प्रमुख आ स्त्री रोग विशेषज्ञ डॉ. चौधरी से करीब आधा घण्टा बतकही कइले रहे ।

    बतकही के बारे में बोलत नेतृत्वकर्ता चौरसिया आपन वीरगंज के बतवनी की निमित्त प्रमुख डॉ. चौधरी से एह विषय के लेके गंभीर बतकही भइल आ दोसी डॉक्टर के ऊपर कड़ा से कड़ा कार्यवाही करेके अस्वासन सहित अगिला एतवार से कार्यभार संभारे वाला नयाँ मेसु डा. मदन उपाध्याय के उपस्थिती में ठोस कदम उठावे के विश्वास जनवले बानी ।

    डॉ. अशोक कुशवाहा

    ”हमनी के मांग एके गो बा, डॉ. अशोक पहिले भी कमिसन खोरी में बहोत बेर लिप्त भइल के आवाज़ उठल रहे आ बहोत बेर स्पस्टिकरण भी उनका से लेचुकल गइल बा, माकिर ठोस कार्यवाही कबों नईखे भइल” चौरसिया कहानी, ” ई बेर अगर ठोस कार्यवाही ना होई त इहाँ के जनता ही अपना तरीका से उनका ऊपर कार्यवाही करी आ ई बात के हमनी डॉ. चौधरी के अवगत करवले बानी सन, आशा बा ई बेर जरूर कड़ा कदम अस्पताल प्रसासन के ओर से लेहल जाई ।”

    बतकही में सहभागी एक अन्य युवा के मुताबिक डॉ. कुशवाहा बेर बेर आम जनता के स्वस्थ्य के संगे खेलवाड़ करत ल्याब, एक्स-रे आदि के रिपोर्ट खातिर जानबूझ के कमिसन के लोभ में सोझासाझा जनता के महंगा आ गुनस्तरहीन प्राइवेट ल्याब में भेजेलन ।

    ”ओह दिने भी इहे अस्पताल में हो जाए वाला टेस्ट रहे माकिर बाहर भेज देलन, काहे ? कमिसन के चक्कर में आजकल सरकारी अस्पताल के डॉक्टर, स्वस्थ्यकर्मी आ ईहा तक की हेल्पर (पियून) लोग भी ऐह कुल में लिप्त बा लोग”, ऊ कहले ।

    ओने ई विषय पर डॉ. अशोक से संपर्क कइला पर अपने बेकसूर रहल बतावत उ सभी टेस्ट नारायणी अस्पताल में ना होखेवाला रहला से बाहर भेजल गइल बतईले ।

    माकिर मरीज के बाबू हुसैन के कहनाम रहे की सारा टेस्ट उ लोग खुद से इहे अस्पताल में करईले रहे । पहिले मरीज के देखला के बाद डॉ. कुशवाहा प्राइवेट ल्याब ‘माँ अम्बे’ में ल्याब टेस्ट करावे भेजलन, माकिर उ लोग (ल्याब संचालक ) खून देहला के पाँचे मिनेट में ही रिपोर्ट दे देलन आ टाइफ़ाइड लागल बता देहलन । येतना कम समय में ऊ लोग कईसे जांच कर लेलख ई हमरा समझ में ना आइल आ ऊ लोग के ल्याब रिपोर्ट पर भरोसा ना लागला पर हम खुद से फेर दोबारा उहे टेस्ट नारायणी अस्पताल के ही ल्याब शाखा में करवनी, ई बेर हमार बेटा के टाइफ़ाइड ना लागल ल्याब रिपोर्ट देखवलस । दुनु जगह के रिपोर्ट में जमीन आसमान के फरक रहे से हमनी आउर असमंजस में पड़ गइल हुसेन बतवलन ।

    माँ अम्बे प्याथोलोजी के रिपोर्ट में टाइफ़ाइड पॉज़िटिव (salmonela typhi ‘O’ आ “H’) देखावल गइल बा ।
    पियर कोठरी के वैल्यू ऊपर के ‘माँ अम्बे’ से मिलवला प बहोत अन्तर बा ।
    पियर कोठरी में देखल जाव, नारायणी अस्पताल के मुताबिक टाइफ़ाइड नईखे (नेगेटिव)

    का रहे पूरा मामला, सुनी मरीज के बाबूजी तारिफ हुसेन के जुवानी ….

     

    birgunj sanjal TV|birgunjsanjal.com|विरगंजको नारायणी अस्पतालमा चिकित्सकले मच्चाउदे लूट (विडियो सहित)

    birgunj sanjal TV|birgunjsanjal.com|विरगंजको नारायणी अस्पतालमा चिकित्सकले मच्चाउदे लूट (विडियो सहित)

    Posted by Birganj sanjal on Monday, August 19, 2019

    निमित्त प्रमुख डॉ. चौधरी से भइल बतकही में नेतृत्वकरता चौरसिया के आलवा युवा बिद्यार्थी आंनद गुप्ता, सुनील सर्राफ , अजय पासवान, दिलखुश देवान, हसरत अंसारी, करन पटेल, अरुण मिश्रा, दिलीप अरबाज, प्रभात चौरसिया, बिनय पटेल सुजित शाह, दीपक, दिलीप, रज्नन्दन, अरबाज लगायत युवा लोग सहभागी भइल रहे लोग।

    निमित्त प्रमुख डॉ. चौधरी आ युवा बिच भइल बतकही के अंश …

    नारायणी अस्पताल के निमित प्रमुख डॉक्टर चौधरी के जवाब …..

    नारायणी उप-क्षेत्रीय अस्पताल के इमरजेंसी में कार्यरत डॉक्टर अशोक कुशवाहा पर लागल कमिसनखोरी आ चरम लापरवाही के ताजा घटना के बारे में अस्पताल के निमित्त प्रमुख डॉक्टर सुरेन्द्र प्रसाद चौधरी से जवाब मांगे जब स्थानीय युवा लोग के एक समूह गइल रहले त सुनी का रहे डॉक्टर चौधरी के जवाब…

    Posted by Aapan Birgunj-आपन वीरगंज on Tuesday, August 20, 2019

     

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here