‘करिया दिवस’ मनावला के करते ही पार्टी से राजीनामा देवे के परल : फोरम उपाध्यक्ष रेणु यादव

269

६ अगहन, जनकपुरधाम ।  बद्री नाथ झा ।

पार्टी के निर्णय विपरीत कुवार ३ गते प्रदेश नम्बर दु में संविधान दिवस विरुद्ध ‘करिया दिवस’ मनावे वाला समूह के नेतृत्व कईल के आरोप में केन्द्रीय पदाधिकारी लोगन के बैठक द्वारा प्रदेश ईन्चार्ज संघीय समाजवादी फोरम नेपाल के उपाध्यक्ष रेणु यादव के पार्टी द्वारा दबाब देहल गईल आ उहे कारण से पार्टी से राजीनामा देहल बतवले बाड़ी ।

यादव के प्रदेश इन्चार्ज से हटावे खातिर पार्टी के महासचिव रामसहाय प्रसाद यादव आ उपमहासचिव प्रकाश अधिकारी बैठक में उनका के इन्चार्ज से हटावे के प्रस्ताव लियाईल रहे लोग । रेणु यादव के हटाके कोषाध्यक्ष विजय यादव के प्रदेश इन्चार्ज बनावे के दबाब देवत आ रहल बा लोग।

संविधान ऊपर असन्तुष्टि जनावत आ रहल फोरम बितल कुवार ३ गते के दिन करिया दिवस या संविधान दिवस कुछों ना मनावे के निर्णय कईले रहे जेकर विपरीत रेणु समहू द्वारा करिया दिवस मनवला  से पार्टी के छवि ऊपर क्षति सहेके परल, ओह लोगन के धारणा बा । केन्द्र के निर्णय विपरीत जाके रेणु करिया दिवस मनावे वाला लोगन के नेतृत्व के आरोप ओह लोग लगईले बा ।

ई विवाद लेके प्रदेश इन्चार्ज से हटावे के प्रयास शुरू भईला पर ओकर अन्तिम निर्णय आवे से पहिलही यादव उपाध्यक्ष सहित के पद से राजीनामा देहले बाड़ी । रेणु के राजिनामा पेश भईला बाद पदाधिकारी द्वारा बैठक स्थगित भईल बा ।

यादव के राजिनामा फिर्ता लेवे के आग्रह करत बैठक स्थगित भईल पार्टी के एक केन्द्रीय सदस्य द्वारा जानकारी करावल गईल बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here