कर्मचारी के राजनीतिक गुटबन्दी के चलते कलेया उप. नगरपालीका के योजना अभिन ले पारित ना भइल

    177

    प्रभु यादव,
    कलेया (बारा) माघ २५ ।

    बारा में रहल १६ गो स्थानीय निकाय में से सब से पुराना नगरपालीका कलेया उपमहानगरपालीका के अभि तकले योजना सब पारीत ना होखे सकल बा । कार्यालय में २०७५/०७६ के योजना मांग करे गईल जनता के किताब छपाई त देहल जाई कह के अलझिया के पठावल जाता । एह विषय के लेके सिकायत कईला पर योजना पास करे के बाकी रहल उप-सचिव गोविन्द सिग्देल जनकारी देहले ।

    जनप्रतिनिधि सब के अापन अापन वार्ड के योजना सब सचिया के पठावे के अगहन तक म्याद देहल गईल  माकिर अभि तक पूरा होके ना अईला से योजना के जानकारी जनता सब के देहल ना जारहल सिग्देल जनकारी करावले बानी । कलेया उपमहानगरपालीका के २७ वार्ड में से वार्ड नम्वर ८, ९ अा १४ के योजना पूरा करेके बाकी रहल उप सचिव जनकारी करवले बानी । कार्यालय में अापन मातहत में रहल कर्मचारीसब से कहला पर काम निमन से ना कईला के चलते ढिलाई हो रहल सिग्देल जनकारी करवनी ।

    वार्ड सब के योजना अार्थिक व्यवस्थापन, समाजिक व्यवस्थापन, पुर्वधार व्यवस्थापन, संस्थागत विकास, वितिय व्यवस्थापन तथा सुशासन अा लक्षित वर्ग के करके सात गो वर्ग में राख के बनावे गजह पुर्वाधार व्यवस्थापन वर्ग में ही बेसी से बेसी योजना सब लिया रहला से बजेट के बाड-फाड में कठिनाई भईल उपसचिव जनकारी देहले बानी ।

    उपमानगरपालीका में रहल २७ वार्ड में से ११ गो वार्ड में झन्झट ना भईल योजना सब वार्ड नम्वर १, २, ४, ७, १०, १२, १३, १७, १८, १९ अा २४ में सुरू करावल गईल जनकारी कराव उपसचिव कहनी की कर्मचारी निमन होखे के चाहिँ अापन ना होखे के चाहिँ तबे जाके तेजी से अगाडि बढ सकल जाई ।

    कर्मचारी सब भी राजनिति दल के गुट-उपगुट में अन्तरीक रूप से बटा के रहला के चलते काम काज में मनोमानी कईल जा रहल उपसचिव के दुखड़ा रहे ।

    कलेया उपमहानगरपालीका में रहल सेवग्राही लोग कलेया नगरपालिका ई मामला में गाँवपालीका से भी पछाडी परहल सिकायत करहल बाडन । सर्वसधारण, दलित, सिमानकृत सब के अगाडि बढेवाला काम कईसे होई जब कि बुझेवाला लोग के योजना के सम्बन्ध में जनकारी ना देहल जारहल बा कहके एक सेवग्राही के सिकायत कईले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here