कलेया उपमहानगरपालिका के ९ नम्वर वार्ड में मादक पदार्थ निषेध के घोषणा

529

प्रभु यादव, कलेया पुस २५ ।

बारा के कलेया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ९ मे मादक पदार्थ बनावे के, पियल, बेचल, देहल अउर जुवातास ना खेले के घोषणा कइले बा । उपमहानगरपालिका के २०७५ अगहन २० गते के बोर्ड बैठक से भईल निर्णय के पूरा करे खातीर वार्ड मे कुल चीज पर निषेधित कईल अा उक्त नियम के लागू करावल जाएके वार्डअध्यक्ष डाक्टर अख्तर अालम जनकारी करावले बानी ।

प्रेस विज्ञाप्ती लिख के वार्ड के जनता से नासा लागेवाला समान ना बनावे के, ना खाए के, ना बेचे के ना खियावे के अा ना ही जुवातास खेले के काम करावे के ना करे के निहोरा करत लागू करे के अालम कहले बानी । वार्ड नम्वर ९ मे जे करी अा कराई उनकरा के सरकारी ऐन कानुन के नियम से करवाही कईल जाई कहत निषेधित जगह घोषण कईल गईल जनकारी करावले बानी ।

वार्ड नम्वर ९ मादक पादार्थ निषेधित भईल जगह घोषणा भईल अोकरा के लागू करावेला कलेया उपमहानगरपालीका के प्रशासकिय अधिकृत सुर्य प्रसाद दाहाल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा, सशस्त्र प्रहरी बल, हेड क्वाटर नम्वर १२ गण उतरझिटकैया के लागू करावे मे सहयोग करे के निहोरा कईल गईल जनकारी करावले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here