The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

कलेया मुख्य सड़क पर धान रोप के राष्ट्रीय धान दिवस मनावल गईल

राष्ट्रीय धान दिवस के अवसर पर कलेया रोड पर किता काट करत स्थानीय लोग धान रोपलख

कलेया, १५ आषाढ़ ।

आजू राष्ट्रिय धान दिवस के अवसर पर कलेया के स्थानीय लोग कलेया के मुख्य चउक पर सड़क पर किता काट करत धान रोपले बा लोग ।

पाँक आ कादो से धानखेती  बनल सड़क के अवस्था प्रति संबन्धित निकाय के ध्यानकर्षण होखे सोच से कलेया के भरत चउक आ घण्टाघर के बीच सड़क पर स्थानीय लोग राष्ट्रीय धान दिवस के अवसर पर धान रोपले बा लोग ।

समय पर सड़क ना बने सकला से सड़क पर आवतजावत के बहुते समस्या हो रहल स्थानीय लोग जानकारी करवलख ।

आषाढे बजेटमे ही खाली बिकास के काम करी लोग आ बरसात होते ठेकेदार लोग भाग जाई संबन्धित निकाय के कवनों मतलबे ना होई जे दुख भोगी उ जनता भोगी । एही से संबन्धित निकाय आपन जिम्मेवारी प्रति ज़िम्मेवार होखों हमनी किता काट के धान रोप के आज राष्ट्रीय धान दिवस माना रहल बानी ।

प्रतिकृया
Loading...