कलेया सिटी जेसिस करवलख लहूदान कार्यक्रम, ६ गो महिला समेत ४५ जने कईले लहूदान

77

कलेया, २३ कुवार ।

कलेया सिटी जेसिस के एक सप्ताह के कार्यक्रम के भीतर आज पहिलका दिन कार्यक्रम के उद्धघाटन करत लहूदान कार्यक्रम से शुरुवात कईले बा ।

कार्यक्रम के उद्धघाटन बर्ष २०१९ के अध्यक्ष जेसी राजेश प्रसाद कुशवाहा लहूदान करत कार्यक्रम के शुभारम्भ कईले । लहूदान कार्यक्रम मे रबीता चौरसिया, निरमा चौधरी, कल्पना गिरि समेत ६ जने महिला समेत जेसी अनिल कुशवाहा, श्रवण प्रसाद साह, सम्भू गुप्ता, दिवाकर गुप्ता समेत ४५ जने लहू दान कईले लोग ।

सप्ताह ब्यापी कार्यक्रम के उद्धघाटन समारोह आ लहूदान कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी जिल्ला समन्वय समिति के प्रमुख नवल किशोर सिंह जेसिस के आपन कार्यबिधी अलग रहला पर आभार प्रकट करत अभी भी समाज मे रहल बिकृति, कुसंगत के देखावत जेसिस के यी कार्य क्षेत्र मे लागे के कहले । ओइसे ही बिशिष्ट अतिथि प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणीन्द्रमणि पोखरेल समाज मे फईल रहल दहेज प्रथा, बहूविवाह, बालविवाह जईसन सामाजिक कुरीति के न्यूनीकरण ओर भी जेसिस के कदम आगा बढ़ावे के निहोरा करत बिश्व प्रसिद्ध गढ़ीमाई मेला के ब्यावस्थापन आ सरसफ़ाई मे भी सभागिता जनावे के निहोरा कईले ।

ओइसे ही उ कार्यक्रम मे प्रहरी उपरीक्षक बिकास राज खानाल, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक प्रकाश थापा, राजपा बारा के संयोजक महम्मद फिरोज, अंजलि इंटेर्प्राइजेज़ के संचालक अनिल साह, अतिथि जेसिस के पूर्व अध्यक्ष जेसी गंगा सागर कुशवाहा, निवर्तमान अध्यक्ष जेसी धनीलाल सोनार, कलेया उपमहानगरपालिका के वाड नम्बर ४ के वाड अध्यक्ष जटाशंकर साहनी आ वाड नम्बर २ के वाड अध्यक्ष जेसिस सदस्य राजेश महतो, रक्तसंचार केन्द्र  के प्रमुख सौरभ राज पाण्डे , नेपाल पत्रकार महासंघके प्रदेश सदस्य सीकेन्द्र पासवान, संस्कार एफएम के राजेश कुशवाहा समेत अनेकन लोग के उपस्थिती रहल ।

लहूदान कार्यक्रम के अध्यक्षता अध्यक्ष जेसी राजेश प्रसाद कुशवाहा कईले रहले ओइसे ही कार्यक्रम के संयोजक आ जेसिस उपाध्यक्ष जेसी शम्भू गुप्ता रहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here