कांग्रेस नेता एवम पूर्वगृहमन्त्री ख़ुमबहादुर खड्का के निधन, कांग्रेस के अपूर्णीय नोकसानी

69
नेपाली कांग्रेस के केंद्रीय सदस्य एवम पूर्वगृहमन्त्री के स्वर्गबास पर समबेदना आ हार्दिक श्रदांजली

 

बिरगंज, १६ चईत

नेपाली कांग्रेस के केंद्रीय सदस्य एवम पूर्वगृहमन्त्री ख़ुम बहादुर खड्का के आजू स्वर्गवास हो गईल । भारत के दिल्ली मे रहल एपोलो अस्पताल मे उनकर इलाज चालत रहे । खड्का के आजू शुक के दिने सझिया सवा ५ बजे ६६ बरिस के उमर मे स्वर्गबास हो गईल क़हत कांग्रेस के प्रबक्ता बिश्वप्रकाश शर्मा जानकारी करवले । खड्का के पार्थिव शरीर बिहान नेपाल लियावल जाई शर्मा बतवले ।

ढेर दिन से गुर्दा के बेमरी से बेमार खड्का कुछ दिन से दिल्ली के एपोलो अस्पताल मे इलाज करावत रहले । सन १९५१ मे नेपाल के दाङ जिल्ला मे जनम भईल खड्का ढेर दिन से कांग्रेस पार्टी के राजनीति मे एगो सक्रिय नेता के रूप मे स्थापित रहले ।

यीहे फागुन महिना के ४ गते हृदयघात भईला पर नर्भीक स्पताल काठमांडू मे इलाज करवा के फागुन ६ गते आगा के इलाज खातिर उनका के दिल्ली लियावल गईल रहे । खड्का के दिल्ली एपोलो स्पताल मे अढ़ाई बरिस पहिले गुर्दा के प्र्त्यारोंपण भइल रहे ।

ख़ुमबहादुर खड्का नेपाली कांग्रेस के एगो सक्रिय आ दिगज नेता मे से एक रहले आज उनकर मृत्यु के खबर से नेपाली कांग्रेस के अपूर्णीय नोकसान भईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here