कांग्रेस पार्टी के कार्यकर्ता के हत्या के बिरोध मे सर्लाही बन्द

99

सर्लाही, १८ कातिक । बद्रीनाथ झा ।

कांग्रेस पार्टी के कार्यकर्ता के हत्या भईला के बिरोध करत नेपाली कांग्रेस आजू सर्लाही बन्द के आवाहन कईले बा ।

सर्लाही जिल्ला बन्द भईला के कारण आजू ऊहा के जनजीवन प्रभावित भईल बा

कांग्रेस पार्टी के कार्यकर्ता लोग आजू सबेरे ही से सर्लाही के जगह जगह पर टायर जरा के प्रदर्शन कईले बा लोग । स्थानीय कांग्रेस पार्टी के कार्यकर्ता रामविलास महतो के गोली मार के हत्या कईला के विरोध मे सर्लाही बन्द के आवाहन कईल बा ।

दोषी के पकड़ के जब तक कानूनी ढंग से करवाही ना होई तब तक महतो के लास ना ले जाईल जाई क़हत कांग्रेस पार्टी के कार्यकर्ता लोग आपन मांग पर अडल बा लोग ।

बीतल मंगर के दिने रामनगर गांवपालिका के बहूअरवा टोला मे नेकपा आ कांग्रेस के कार्यकर्ता लोग के बीच झगड़ा भईल रहे उ झगड़ा मे गोली चलल रहे ओहि गोली लाग के महतो के मृत्यु भईल रहे ।

हत्या के बिरोध मे कांग्रेस के कार्यकर्ता लोग एक घंटा तक चक्का भी जाम कईले रहे लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here