काठमांडू पढे खातिर भेजल बेटी दोसर लड़का संघे भागला पर माई-बाप मिलके कईलस बेटी के विभत्स हत्या

510
बाबू दीलीप आ बेटि स्नेहा

राजेश अभिराज यादव

जनकपुरधाम, चैत ०५

धनुषा से पढे खातिर काठमांडू भेजल बेटी दोसर लड़का संघे भाग गईला पर बाबु-माई मिलके बेटी के विभत्स हत्या कईले बा लोग ।

कक्षा १२ मे अध्ययनरत १९ वर्षीया स्नेहा कुमारी यादव के उनकरे बाबु-माई द्वारा चरम यातना देके मारला के आशङ्का मे धनुषा प्रहरी ओह लोग के पक्राव कईले बा ।

पक्राव परला के बाद बाबु दिलीप द्वारा बेटी बीमार रहल आ उपचार खातिर भारत लेजाए के क्रम मे रास्ता मे ही मृत्यु हो गईला के बाद ओनईहि दाहसंस्कार कईल बतईले बाड़न । ओने प्रहरी के मुताबिक स्नेहा के हत्या कईल गईल दाबी करत अनुसन्धान के आगा बढ़ावल गईल जनवले बा ।

सहिदनगर–७ के ४० वर्षीय दिलीपकुमार यादव के फागुन २६ गते ही पक्राव करके अनुसन्धान के प्रक्रिया अगाडी बढावल धनुषा प्रहरी जनईले बा ।

स्नेहा कुमारी काठमांडू के नासा कलेज मे अध्ययनरत रहली । प्रहरी के मुताबिक फागुन ८ गते बेटी के समझावत क्रम मे ओह लोग बिच झगडा भइला के बाद बाबु आ माई ही मिलके बेटि के हत्या कईल प्रहरी के निष्कर्ष बा ।

बेटी के यातना देवे के क्रम मे मृत्यु भइला के बाद उनकर बाबु अपने बेटी के शव गाडी मे डाल के भारत लेगइल पड़ोसी देखला के बाद घटना प्रहरी तक पहुचला के बाद हत्या भईल के रहस्य बाहर आईल रहे ।

प्रहरी द्वारा अनुसन्धान करत गईला पर स्नेहा के हत्या के अनुसन्धान कर रहल प्रहरी अधिकृत के मुताबिक नासा कलेज से स्नेहा के आचरण सम्बन्धी कम्प्लेन आ स्नेहा के ही व्यवहार के कारण लड़कापक्ष से लागल विवाह लड़का तुर देहला के कारण दिलीप बेटी से खिसियाईल रहस ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here