काठमाण्डू मे चिनिया राष्ट्रपति के आगमन

104

काठमाण्डू, २५ कुवार ।

नेपाल भ्रमण मे आइल चिनिया राष्ट्रपति सी जिनपिंग हावाई अड्डा मे भइल स्वागत कार्यक्रम के बाद सीधे होटल पहुचल बाड़े ।

शनिचर के संझिया त्रिभुवन अन्तराष्ट्रिय हावाई अड्डा मे राष्ट्रपति बिध्या देवी भण्डारी स्वागत कईले रहली । ओकरा बाद उनका के नेपाली सेना सम्मान अर्पण कईले रहे ।

उपराष्ट्रपति, प्रधानमन्त्री, राष्ट्रियसभा के अध्यक्ष समेत बिशिष्ट पदाधिकारी, मन्त्री लोग भी स्वागत कईला के बाद चिनिया राष्ट्रपति सी के सवारी होटल सोल्टी के ओर प्रस्थान कईले रहे । होटल के तरफ सवारी भईल समय राष्ट्रपति के सवारी होखेवाला रोड खाली कईल रहे ओइसे ही बानेश्वर से माइति घर के क्षेत्र मे सरकारी कर्मचारी लोग स्वागत करे लाय खाटावल गईल रहे ।

 

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here