कालिकामाई के पहिलाका गाउँ सभा भइले विना दुसरका गावं सभा के तयारी कइला पर विवाद

169

पर्सा, १९ चइत ।
कालिकामाई गावंपालिका के प्रथम गाउँ सभा भइले विना दुसरका गावं सभा के तयारी कइला पर विवाद उत्पन्न भइल बा । गावंपालिका अध्यक्ष नथनी प्रसाद कुशवाहा से पहिलका गावं सभा भइले विना दुसरका गावं सभा के तयारी कइला पर गावं सभा सदस्य सब ही बिरोध मे उत्रल बा । प्रथम गावं सभा के बारे हमनी के कुछ थाह नभइला पर भी दोसरका गावं सभा के गावंपालिका अध्यक्ष कुशवाहा द्वारा तयारी कइला पर हमनी ओकर बिरोध मे रहल वडा नं. १ के वडा अध्यक्ष शिवनाथ राउत कुर्मी बतइलन ।
गावंपालिका अध्यक्ष कुशवाहा से प्रथम गाउँ सभा सम्पन्न बिना दुसरका गावं सभा के तयार करे लागल पर हमर ओमे विमती रहल वडा अध्यक्ष कुर्मी बतइनी । प्रथम गावं सभा नभइला पर दुसरका गावं सभा के तयारी होखेलाग्ला पर गावंपालिका के एक वडा अध्यक्ष, ४ गावं कार्यपालिका सदस्य एवं २ वडा सदस्य सब ओकर बिरोधमा रहल बाडे लोग । पर्सा के १४ स्थानिय तह मध्ये १३ स्थानिय तह मे प्रथम गावं सभा भइला पर भी अभि तक हमनी के गावंपालिका के गावं सभा गावं कार्यपालिका के आपसी विवाद के चल्ते ही ना होखे सकल स्थानिय सब बतइले बाडन ।
एने गावं सभा के बिषय मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत देवनाथ साह से बुझला पर पहिलका गावं सभा हो चुकल बतइलन । कार्यालय प्रमुख साह के अनुसार बिशेष गवं सभा बोला के गावं कार्यपालिका के कार्यालय आ सेवा केन्द्र सारे के निर्णय भइल मगर आ.व. २०७४÷०७५ के निति तथा कार्यक्रम तय ना भइल जनइलन ।
एने प्रथम गावं सभा बारे हमनी के कुक्ष थाह ना भइल गावं कार्यपालिका सदस्य रामानन्द ठाकुर बतइले बानी । गावं सभा से ७ दिन पहिले सब गावं सभा सदस्य लोग के पत्र मार्फत लिखित जानकारी कराव के प्रवधान रहला पर भी हमनी के मौखिक भी जानकारी ना भइल ठाकुर बतइनी । जनप्रतिनिधि सब के आपसी विवाद के कारण गाव सभा ना होखे सकला पर आर्थिक बर्ष २०७४÷०७५ के बजेट, निति तथा कार्यक्रम तय ना भइला से बिकास निमार्ण के काम अगाडी ना बढे सकल कालिकामाई गावंपालिका के अवस्था रहल बा ।
मगर एकासी आके दुसरका गावं सभा बारे सुचना टांस भइला पर स्थानिय सब चक्कीत भइला के साथे गावं सभा सदस्य सब बिच से ही ए बिषय के विवाद बाहर आइल बा । गावं सभा के चइत १३ गते समय राखला पर भी समय अभाव के कारण बजेट, निति तथा कार्यक्रम तर्जुमा ना होखे सकल कहत दुसरका गावं सभा स्थगित भइल सुचना टांस कइला बाद प्रथम आ दुसरका गावं सभा के विवाद उत्पन्न भइल बा ।
१३ गते गावं सभा ना होखे सकला पर चइत २१ गते गावं सभा के समय राखल गइल गावं कार्यपालिका सदस्य आ वडा नं. ४ के वडा अध्यक्ष हरिओम साह कलवारले बताइनी । प्रथम आ दुसरका गावं सभा बारे पुछला पर प्रमुख प्रशासकिए अधिकृत से ए बारे पुछे के वडा अध्यक्ष कलवार कहनी । पहिलका आ दुसका गावं सभा के विवाद के चल्ते ही कुक्ष गावं कार्यपालिका सदस्य बैठक ही बहिस्कार करत बिरोध मे उत्रल बा लोग । यी विवाद के चल्ते चइत २१ गते होखेवाल गावं सभा भी अन्योल रहल स्थानिय लोग बतइले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here