कालिकामाई गाँवपािलका के कार्यालय कालिकामाई मन्दिर लगे सारेके निर्णय

182

कालिकामाई गावपालिकाबीरगंज, २२ माघ

पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका के केन्द्र सारेके निर्णय भईल बा । बिशेष गाँवसभा से गाँवपालिका के केन्द्र वडा नं. ३ , हरिहरपुर मे परेवाला कालिकामाई मन्दिर लगे सारेके निर्णय भईल हवे ।

एतवार के सम्पन्न भईल बिशेष गाँवसभा से वडा नं. १ मुडली मे रहल गाँवपालिका के केन्द्र अर्थात गाँवपालिका के कार्यालय कालिकामाई मन्दिर लगे सारे के बात सबकोई के सहमति से निर्णय भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत देवनाथ साह बतवनि । ओइसही गाँवपालिका के प्रमुख नथुनी प्रसाद के अध्यक्षता में बैठल गाँवसभा द्वारा उप प्रमुख राजेश चौरसिया के संयोजकत्व में ३ सदस्यि न्यायिक समिति समेत गठन कईल बा । ओह समिति के सदस्य में वडा नं. ३ हरिहरपुर के वडा अध्यक्ष संजय पटेल अउरी गाँव कार्यपालिका के सदस्य रामानन्द ठाकुर भी रहल बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here