कालिकामाई गांवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा से स्पष्टीकरण मांग

395

आस/पर्सा, २१ भादो ।
कालिकामाई गाँवपालिका के अध्यक्ष नथुनी प्रसाद कुशवाहा से स्पष्टीकरण मांगल गइल बा । नेपाली जनता दल के टिकट से निर्वाचित अध्यक्ष कुशवाहा से नेपाली जनता दल जिल्ला कार्य समिति, पर्सा स्पष्टीकरण मंगले बा ।

नेपाली जनता दल पर्सा के सचिव रामपुकार रौनियार द्वारा हस्ताक्षरित पत्र मार्फत जनता के हित विपरित काम कइल कहत स्पष्टीकरण मांगल गइल बा ।

नेपाली जनता के अमूल्य मत के आशा भरोषा के केन्द्र विन्दु मे रहत ग्रामपिता के भुमिका निर्वाह करे के बदला जनता हित विपरित काम कइल कहत आ आषाढे बिकास के नाम पर २० से ५० प्रतिशत तक कमिशन लेहल गइल सम्बन्ध मे स्पष्टीकरण पार्टी मंगले बा ।

गाउँपालिका अध्यक्ष कुशवाहा से अपने के जरुरी कर्वाही काहे ना कइल जाव कहत स्पष्टीकरण मांग कइल गइल पत्र मे लिखल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here