कालिकामाई गांवपालिका के वोर्ड बइठक मे हातपात भइलाबाद दिन भर तनाव

247

पर्सा, ५ कात्तिक ।
पर्सा के कालिकामाई गांवपालिका के बोर्ड बइठक मे आजु जनप्रतिनिधि सब बिच झगडा भइल बा । गांव कार्यपालिका के कार्यालय मे बइठल बइठक मे दु पक्ष बिच झगडा भइला पर दिन भर तनाव भइल रहे । गांवपालिका अध्यक्ष नथुनी प्रसाद कुशवाहा पक्ष आ वडा अध्यक्ष संजय पटेल पक्ष बतकही होते हातपात समेत भइल बतावल गइल बा ।

गांवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा पक्ष के वडा अध्यक्ष शिवनाथ प्रसाद कुर्मी आ वडा अध्यक्ष संजय पटेल विच बइठक मे गांव सभा के मिति के बिषय मे विवाद भइल रहे । कुशवाहा पक्ष के गांव सभा के मिति तय करे के अडान लेले रहे त वडा अध्यक्ष पटेल पक्ष पहिले आर्थिक बर्ष २०७४/०७५ के हिसाब किताब प्रस्तुत करे के अडान रखलावाद विवाद भइल रहे ।

विवाद भइलाबाद गांव कार्यपालिका कार्यालय स्थल मे तनाव समेत भइल रहे । वडा अध्यक्ष शिवनाथ राउत कुर्मी के समर्थक टिनडोबिया के गांव के लोग आ वडा अध्यक्ष संजय पटेल के समर्थक हरिहरपुर के गांव के लोग बइठक स्थल गांव कार्यपालिका के कार्यालय मुडली मे पुगलाबाद दुनु पक्ष बिच तनाव भइल रहे ।

बइठक स्थल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया पुगलाबाद स्थिती नियन्त्रण मे आइल बतावल गइल बा । एसे पहिले ४ बेर बोर्ड बइठक बइठ चुकल बा त लेकिन विवाद के कारण ही कुक्ष निर्णय नइखे करे सकल । गांवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा के पक्ष मे नेपाल समाजवादी पार्टी, नेपाली कांग्रेस आ माओबादी से निर्वाचित गांव कार्यपालिका सदस्य ६ जने वाडन त वडा अध्यक्ष संजय पटेल के पक्ष मे संघिय समाजबादी फोरम नेपाल से निर्वाचित गांव कार्यपालिका सदस्य ७ जने रहल बतावल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here