काल्हू रात के गोली कांड के रहस्य खुलल, प्रेम सफल बनावे खातीर आपन पति के हत्या करावे के प्रयास भइल बिफल

386

वीरगंज , फागुन – १७

काल्हु बुध के रात करीब १०:३० बजे भईल गोली काण्ड में घायल भईल पर्सा जिल्ला विन्दवासनी गाँवपालिका वाड न. ३ झौवाटोला स्थायी घर भईल अभिन वीरगंज के रानिघाट में रह रहल ३५ बरिस के उमेश प्रसाद चौरसिया के उनकर पत्नी प्रियंका चौरसिया आपन प्रेमी संघे मिलके ह्त्या के प्रयास के सत्यता सार्वजनिक भईल बा ।

१० बरिस से बैदेशिक रोजगार खातिर बिदेश रहत अभी स्वदेस आके धागा के ब्यापार कर रहल उमेश चौरसिया ब्यापार के काम से बुटवल जा के बुध के दिने वीरगंज आपन घरे लौटके आ रहल समय में उनका के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से करीब १०० मीटर पश्चिम भारतीय दूतावास के पछाड़ी वाला रास्ता में मोटरसाईकिल पर सवार दू जने युवक लोग गोली चलाके हत्या करेके दुष्प्रयास कईले रहे ।

उमेश चौरसिया के संयोग ठीक रहे की उनका शारीर के दहिना काख में गोली लागल आ तुरंते उनका के वीरगंज नारायणी उपक्षेत्रीय स्पताल में भर्ना कईल गईल । नारायणी में उनकार उपचार सम्भव ना भईला के करते उनका के काठमांडू रेफर कईल गईल । अभी चौरसिया के काठमांडू के नर्भिक स्पताल में इलाज हो रहल बा ।

गोली चलावे वाला वीरगंज १२ मुरली के मुन्ना साह, बारा परवानिपुर गाउपलिका १ के २७ बरिस के मनोज गुप्ता, उमेश के पत्नी प्रियंका चौरसिया अउरी प्रियंका के प्रेमी बारा परवानिपुर १ के बिकेन्द्र कुमार गुप्ता के प्रहरी हिरासत में लेहले बा ।

हत्या के योजना अनुसार श्रीमती प्रियंका चौरसिया आ उनकर प्रेमी बिकेन्द्र, उमेश चौरसिया के हत्या खातिर मनोज गुप्ता के एक लाख के सुपारी देहले रहलन । जेकरा बापत अभिन उनका के २५००० नगद देहले रहले । ओही रूपया में से ११ हजार रूपया में १२ बोर के नलकटुवा पेस्तोल आ एक राउण्ड गोली किनाइल रहे ।

उमेश बुध के दिने रात के समय आपन घर पैदल जात रहले ओही क्रम में बिकेन्द्र के ना ३४ प १०३ मोटरसाइकिल ले के मनोज आ मुन्ना पीछा करते आइल लोग आ जब उमेश आपना घर पहुचे के ५० मिटर के दुरी पर रहले ओही समय में पीछे से मोटरसाइकिल पर सवार होखे आवत मुन्ना उमेश के ऊपर गोली चलवलन ।

प्रहरी जब आपन खोज तलास कइलख तब पता चलल की उमेश के अपने पत्नी प्रियंका चौरसिया के योजना के मुताबिक गोली चला के ह्त्या करे के बात सोझा आईल । उमेश के इलाज खातिर काठमांडू चहुपल प्रियंका के प्रहरी आपना हिरासत में ले के वीरगंज ले के आइल ।

गोली कांड के अभयुक्त मुन्ना, मनोज, प्रियंका आ प्रियंका के प्रेमी बिकेन्द्र के पकड़ के विर्ता प्रहरी के हिरासत में राखल गईल बा कह के पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक गणेश रेग्मी जी बतवले । गोली कांड में प्रयोग भईल बिकेंद्र के मोटरसाईकिल आ बालू के बोरा में लुका के राखल पेस्तोल अउरी एक राउंड गोली के खोखा बरामद कईल गईल । हिरासत में रहल सारा अभियुक्त घटना करावे में सब के हात बा कह के स्वीकार कईले बा लोग उपरीक्षक रेग्मी बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here