क्लास कोठा ना भइला से छठघाटे भुईया बोरा बिछा के पढे प विवश बाड़े पकहा-मैनपुर के विद्यार्थी

372

पोखरिया १७ माघ,

स्कूल में क्लास कोठा ना भइला से विद्यार्थीलोग छठघाट पर बइठ के पढे प बाध्य बनल बाड़न । पर्सा जिल्ला के पकहा-मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ सबैठवा में रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय प्राथमिक विद्यालय फजतवा के विद्यार्थीसब भुईया बोरा बिछा के पढे प बाध्य बाड़न ।

स्कूल में ३०१ जने विद्यार्थी रहल आ दु गो क्लास कोठा बा, बाकी सब पुराना जिर्ण अवस्था में रहला से विद्यालय बाहर पढावे प बाध्य भइल विद्यालय के प्रधानाध्यापक नुरैन मिया तेली बतवनी । विद्यालय १ से ५ क्लास तक चल रहला में ३ जने स्थायी, २ अस्थायी आ २ बालबिकास आ एक जने परिचर रहल बाड़न । शिक्षक जनशक्ति रहला पर भी क्लास कोठा ना रहला के चलते समस्या देखल गइल प्रअ तेली बतवनी ।

शितलहर के साथे ठण्डी के समय विद्यालय में टेबुल ब्रेच भी ना रहला के चलते क्लास १ से ३ तक के लइकलइकीसन भुईया बोरा बिछा के बइठे प बाध्य भइल बाड़न । ठण्डी के समय में भुईया बइठला पर लइकालइकीसब में सरदी, खोकी लगायत के बेमारीसब बढ रहल स्थानिय गारजियन मथुरा ठाकुर बतवनी ।

नेराप्राबि फजतवा के २०७० में नेरानिमाबी फजतवा स्थापना होके क्लास ६ तक संचालन भइल रहे माकिर क्लास कोठा ना भइला के चलते २०७३ साल में फेनु श्री नेपाल राष्ट्रिय प्राथमिक विद्यालय फजतवा प्राथमिक विद्यालय के रुम में भइल बतवनी । अभी प्राथमिक विद्यालय के रुपमें मात्र चल रहल बा ।

विद्यालय में बिद्यार्थीलोग के चाप बढ रहल शिक्षकलोग बतवले बाड़न । विद्यालय में ५ बरीस से विद्यालय ब्यवस्थापन समिति ना रहला के चलते विद्यालय के अवस्था दिन पर दिन बिगडत जा रहल गारजियनलोग के सिकाइत रहल बा ।

विद्यालय के विषय में वार्ड अध्यक्ष लेखमन पटेल से पुछला पर विद्यालय में क्लास कोठा के कमी भइला से समस्या देखल गइल बा । अभी पुराना क्लास कोठा तुर के नयाँ क्लास कोठा बन रहल बा । जलदी आउर क्लास कोठा बनवा के दश क्लास तक करेके प्रतिबद्धता जनवनी । विद्यालय के सम्बन्ध में हम अगाडि बढल बानी जलदी समस्या समाधान होखी कहके वार्ड अध्यक्ष पटेल बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here