कुमारी बैंक के वीरगंज ड्राईपोर्ट सीरिसिया मे शाखा बढ़ावल गईल

281

वीरगंज, १७ कुवार ।

कुमारी बैंक बियफे के दिने वीरगंज के सीरिसिया मे आपन शाखा के स्थापना कईले बा । शाखा के उद्धघाटन बैंक के अध्यक्ष अमीर प्रताप राणा आ वीरगंज महानगरपालिका के महानगर अध्यक्ष बिजय कुमार सरावगी द्वारा संयुक्त रूप मे कईल गईल ।

विरगंज के सीरिसिया मे स्थापना भईल कुमारी बैंक देश के १०७ वा शाखा ह । वीरगंज माहानगरपालिका – २५ पर्सा मे रहल यी कुमारी बैंक के शाखा से आधुनिक बैंकिंग सेया आपन ग्राहक लोग के देहल जाई बैंक के शाखा प्रबन्धक रंजीत कुमार यादव जानकारी करवनी ।

बैंक के उद्धघाटन समारोह मे बैंक के प्रदेश नम्बर २ के प्रमुख सिद्धार्थ सिंह आ वीरगंज शाखा के प्रबन्धक राजेश प्रसाद के उपस्थिती रहल । ग्रामीण क्षेत्र मे रहल सेवग्राही लोग के लक्षित कर के ही सीरिसिया मे बैंकिंग सेवा के सुभारंभ कईल गईल कुमारी बैंक प्रदेश नम्बर २ के क्षेत्रीय प्रबन्धक सिद्धार्थ सिंह जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here