कृषि खातिर सरकार के देहल सुबिधा के सदुपयोग करे के सांसद यादव के आग्रह

122

वीरगंज, २४ कुवार ।

आपन निर्वाचन क्षेत्र के जनता के समस्या आ ओरहन सुने लाय दु हप्ता से संचालन हो रहल “जनता दर्शन” अभियान मे पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव आजू वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १६ इनरवा मे स्थानीय संघे बतकही कईले बाड़े ।

बतकही मे सहभागी इनरवा के स्थानीय लोग इनरवा मे रहल समस्या के बारे मे ध्यानाकर्षण करवले बा लोग । स्थानीय के ओरहन सुनला के बाद सांसद यादव इनरवा मे कृषि के बहुते सम्भावना रहल बा आ कृषि के खातिर सरकार भी अनेकन योजना लियावला से ओकरा के बढ़िया से सादुपयोग करे स्थानीय लोग के निहोरा कईले ।

सहकारी संस्था के बदमाशी बढ़ते गईला से कृषक लोग के बचत या कर्जा खातिर कृषि बिकास बैंक से कारोबार करे खातिर बतवले । इनरवा मे रहल बिजुली के खम्हा मे आवेवाला १० दिन के भीतर बल्ब जोड़ के बात बतवले । नेपाल भारत सिवान रहला के कारण इनरवा के बिकास कईल बहुते जरूरी बा क़हत सांसद यादव इनरवा के बिकास ही वीरगंज के बिकास ह बतवले । इनरवा मे रहल सामुदायिक बिधालय मे भवन, गाँव मे प्रवेशद्वार आ धर्मशाला निर्माण खातिर पहल करे के प्रदीबद्धता जनवले ।

इनरवा मे रहल समस्या समाधान लाय संघ, प्रदेश आ स्थानीय सरकार संघे समन्वय कर करे वचन सांसद यादव बतवले । समाजवादी पार्टी के जिल्ला सदस्य लालदेव यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्यक्रम मे समाजवादी पार्टी के इकाई अध्यक्ष अरुण यादव, स्थानीय नेता सुरेश राम, मकबूल मिया ठकुराई, रामनाथ राम, हरीशंकर यादव, सहाबूदिन अंसारी, हृदेश पटेल, मुन्ना साह, अशोक पटेल समेत के उपस्थिती रहल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here