कृषि बिकास बैंक लहान शाखा से ह्याकर कईलख ४ करोड़ ७३ लाख गायब

    321

    वीरगंज, ८ कुवार ।

    कृषि बिकास बैंक लहान शाखा से ४ करोड़ ७३ लाख रुपेया चोरी के योजनाकार काले नाम से परिचित पीटर नाम के आदमी ह प्रहरी के शुरुवाती अनुसन्धान से पता चलल बा ।

    उ भारत मे रहेले । उहे नेपाल के बैंक आ बितीय संस्था ह्याक कर के ५ अरब से भी बहूती रोपेया चोरी करे के योजना बनवले बाड़े प्रहरी दाबी कईले बा ।

    पीटर नेपाली नागरिक के प्रयोग कर के कृषि बिकास, कैलाश बिकास आ नविल बैंक के साथ साथे पानस रेमिट समेत बीतीय संस्था के क्रेडिएन्सल ह्याकिंग कर के पैसा निकाले के प्रहरी के दाबी बा । यी रकम चोरी के केश मे अभी ले नेपाल प्रहरी १२ जने के अपना हिरासत मे लेहले बा ।

    समूहीक ह्याकिंग कर के कृषि बिकास बैंक लहान शाखा से ४ करोड़ ७३ लाख १६ हजार आ पनस रेमिट नया बानेश्वर से १२ लाख रोपेया लुटले बा लोग ।

    लुटल रकम हुण्डी मार्फत भारत भेजे के बात बाहर आइल बा । ह्याकिंग मे प्रयोग भईल आदमी लोग के १५ से ले के ३५ प्रतिशत कमिसन मिलेला प्रहरी के अनुसन्धान से पता चलल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here