कृष्ण बहादुर महरा संसद से निलम्बित

111

काठमाण्डू, २४ कुवार ।

यौन दुर्व्यहार के आरोप मे पकड़ाइल तत्कालीन सभामुख कृष्ण बहादुर महरा के सांसद पद निलम्बन मे परल बा ।

ससंद सचिवालय के महासचिव मनोहर प्रसाद भट्टराई महरा के निलम्बन कईल गईल एकरा बारे मे सूचना प्रकाशित कईले बाड़े । सूचना प्रकाशित संघही महरा के मिलेवाला सरकारी सुबिधा भी रोकल जाई जानकारी मिलल ।

फ़ौजदारी आरोप लागल सांसद के निलम्बन करे के प्रतिनिधिसभा के नियमावली मे ब्यावस्था बा ।

महरा उपर संसद सचिवालय के ही एक महिला कर्मचारी उपर बलात्कार करे के प्रयास के आरोप लागल बा । कुवार  १५ गते सभामुख पद से राजीनामा देहले महरा के १८ गते नेपाल प्रहरी सरकारी निवास से ही पकडले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here