केडिया कॉलेज विवाद:विधार्थीद्वारा कर्मचारी घेराव,पुलिस हस्तक्षेप माकिर चेयरम्यान अनुपस्थित

565

आस, वीरगंज, सावन १७

बितल १२ गते से लिखित आन्दोलन में उतरल केडिया डेंटल कॉलेज के स्वास्थ्यकर्मी आ शिक्षक लोग के आन्दोलन से विद्यार्थी के पठनपाठन पूर्ण रूप से ठप भइला के विरोध में उहवाँ अध्ययनरत विद्यार्थी द्वारा आजू के कड़ा आन्दोलन से पूरा कॉलेज दिन भर तनावपूर्ण रहल ।

नियमित रूप से पठनपाठन सुचारु होखे के एक मात्र मांग राख़ के विद्यार्थीसब द्वारा कॉलेज के प्रसासनिक कर्मचारी लोग के ओहि लोग के कार्यकक्ष में ही घेराव के साथे कॉलेज के मूल गेट में भी तालाबंदी कईल गइल रहे जेकरा चलते विद्यार्थी खुद आ कॉलेज के शिक्षक सहित अन्य स्वास्थकर्मी भी कॉलेज के बिल्डिंग में ही घेराईल रहले ।

करीब २ घंटा के घेराव के बाद पुलिश कॉलेज परिसर में लागल ताला बलपूर्वक खोलले रहे आ पर्सा पुलिसके एस. पि. के उपस्थिती में प्रसासनिक अधिकारी, शिक्षक, स्वस्थ्यकर्मी आ विद्यार्थी लोग के बीच बतकही भइला बाद कॉलेज संचालन समिति के अध्यक्ष आ कॉलेज के चेयरमैन राजेश केडिया के बोलावल गइल माकिर ऊ उपस्थित ना होखे सकला पर बिहान सिडियो कार्यलय में सभी पक्ष बीच कॉलेज के चेयरमैन राजेश केडिया के अनिवार्य उपस्थिती में समस्या के समाधान निकाले के एस. पि. सोमेन्द्रसिंह राठौर के आश्वासन पश्चात आजू खातिर आन्दोलन के बिराम देहल गइल विद्यार्थी लोग बतईले बा ।

विद्यार्थी द्वारा कईल गइल तालाबंदी पुलिस बल लगा के तोड़लख,
का का भइल दिन भर –

पिछिला एक सप्ताह से आन्दोलन में उतरल ट्रेड यूनियन एम. बि. केडिया एकाइ समिति द्वारा जारी विरोध के बिच दुपहरिया के २ बजे निर्धारित समय पर चेयरमैन केडिया के उपस्थित ना भइला पर उहवाँ अध्ययन कर रहल विद्यार्थी लोग द्वारा पठनपाठन के नियमित सुचारु करे के लेके कॉलेज के प्रसासकीय प्रमुख से पहिलही से बारमबार के वार्ता निष्कर्ष में ना पूगला के बाद ऊ लोग के कार्यकक्ष के गेट पर बड़का बड़का दराज लगा के कक्ष में ही घेराव कईल गइल ।

एम. बि. केडिया डेंटल कॉलेज का विद्यार्थी द्वारा प्रसासनिक कार्यालय घेराव

उक्त घेराव में प्रसासनिक कर्मचारी संगे बाहर के होटल के दु गो स्टाफ भी कार्यकक्ष में घेराइला से ओह लोग ही पुलिश के खबर कईले रहे आ ओकर बाद ही पुलिश कॉलेज के मूल गेट पर आइल एक जने कर्मचारी बतईले बाड़न । अन्य ब्यक्ति के थून के ना राखे के मिली कहके पुलिश के दवाब के बाद विद्यार्थी द्वारा उक्त दुनु ब्यक्ति के दोसर रास्ता से बाहर निकालल गइल एक प्रत्यक्षदर्शी कर्मचारी बतईले बाड़न ।

करीब ४ बजे साँझ के पुलिश आ विद्यार्थी बिच के संवाद में निष्कर्ष ना निकलला के बाद पुलिश बल प्रयोग करत मूल गेट के ताला तोडले रहे आ ओने ओसे पहिले ही कार्यकक्ष में घेराइल कर्मचारी लोग के विद्यार्थी स्वयम रिहा कईले रहे ।

कॉलेज के मुख्य शेयर होल्डर समेत रहल चेयरमैन राजेश केडिया के उपस्थिती में मात्र ताला खोले के विद्यार्थी के एक सूत्रीय मांग पर भी राजेश केडिया उपस्थित ना भइला पर तनावपूर्ण माहोल में पुलिस जबरजस्ति ताला तोड़के विद्यार्थी के कॉलेज के मूल गेट से बाहर निकलले रहल आ इहे क्रम में एप्रोन में रहल डॉक्टर लोग से भी बदसूलूकी कईल आन्दोलनकारी एक विद्यार्थी बतईले ।

सारा हंगामा भइल माकिर राजेश केडिया ना अइले

पुलिसद्वारा बल प्रयोग कर के तालाबंदी खोलला के बाद एस. पि. राठोड़ के सक्रियता में प्रसासन, स्वस्थ्यकर्मी, शिकक्ष आ विद्यार्थी के रोहबर में वार्ता भइल माकिर समस्या के मूल जड़ शिक्षक के ६-१२ महिना के तलब, स्वस्थ्यकर्मी के भी ५ महिना के तलब ना देहल ही रहल क़हत एस. पि. राठोड़ चेयरमैन केडिया के बारमबार फोन लगइला पर भी केडिया से कवनों किसिम के सम्पर्क ना हो सकल वार्ता में उपस्थित एक शिक्षक बतइले ।

कॉलेज दिन भर तनावग्रस्त रहल आ तालाबंदी, कर्मचारी घेराव के बावजूद भी केडिया जैसन ज़िम्मेवार ब्यक्ति सारा घटना से नादारत रहल एकदम खेदपूर्ण आ गैरज़िम्मेवार व्यवेहार भइल आन्दोलनरत स्वस्थ्यकर्मी एकाई के अध्यक्ष उपेंद्र यादव बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here