The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

केन्याविरुद्ध नेपाल के रोमान्चक जित

माघ २९, वीरगंज

नामिबिया मे होरहल आईसीसी विश्व क्रिकेट लिग डिभिजन २ मे आजु भईल खेल मे केन्याविरुद्ध नेपाल ३ विकेट के रोमान्चक जित दर्ज  कईले बा।

टस जीत के नेपाल गेंदवाजी करके निर्णय कईले रहे। केन्या ५० ओभर खेले के ८ विकेट के छति मे १७७ रन बनईले रहे। नेपालके ओरीसे शानदार गेंदबाजी करत संदीप लामिछाने १० ओभर मे ५ विकेट लेलन। ओईसही पारस खडका, बसन्त रेग्मी आ शरद भेस्वाकर १-१ विकेट लेलख लोग।

१७८ रन के पीछा करत नेपाल ५० ओभर मे रोमान्चक रुपमे जित हासिल कईलख। कप्तान पारस खडका के सुझबूझवाला ४२ रन के पारीसे नेपाल के खेल मे जितेके सम्भावना बरियार बनल रहे। नव युवक खेलाडी आरिफ शेख आ रोहित पौडेल के साझेदारी नेपाल के जित तक पुगईले रहे।  आरिफ शेख ४२ रन आ रोहित पौडेल ४७ रन मरले रहे लोग।

ई जित से नेपाल के विश्वकप छनोट खेल खेलेके सम्भावना बरियार बनल बा।  आपन अन्तिम खेल मे क्यानाडा पर जित हासिल कईला के बाद नेपाल समुह के शिर्ष स्थान पर पहुच जाई आ विश्वकप छनोट खेल खेलेसकी।

प्रतिकृया
Loading...