कोभिड़ एक्शन टिम (CAT) के पहल मे वीरगंज १३ के युवन द्वारा नारायणी मे खाना बांटल गइल

 कोभिड़ एक्शन टिम (CAT) के पहल मे वीरगंज १३ के युवन द्वारा नारायणी मे खाना बांटल गइल

कोभिड़ एक्सन टिम के पहल मे खाना बांटल गईल

वीरगंज, ०३ भादो ।

कोभिड़ एक्शन टिम ( CAT ) के पहल मे नारायणी अस्पताल मे आजू सबेरे वीरगंज १३ के युवा लोग खाना खियवले बा लोग । नारायणी अस्पताल मे इलाज करा रहल लोग के खाना के समस्या भइला पर युवा लोग खाना खीयवले बा लोग । वीरगंज वाड नम्बर १३ के वाड अध्यक्ष तूफान अंसारी कहले हमनी सावन १ गते से ही वीरगंजमे खाना के समस्या भइल लोग के खाना खिया रहल बानी । वीरगंज मे बहुत दिन से निषेधाज्ञा के कारण प्रभावित भइल लोग के सावन १ गते से ही राधेमाई के रामजानकी मन्दिर मे उ लोग खाना खियावत आइल आ अब मंगर के दिन संझिया से जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रांगण मे खिवायल जा रहल के जानकारी अध्यक्ष अंसारी करवले ।

वाड के युवा लोग के सहयोग से असाहाय, गरीब, रिक्सा चलावेवाला, ठेला चलावेवाला समेत के खाना खियावत आइल अंसारी जानकारी करवले । ओइसे हे CAT के सदस्य तबरेज अहमद के आग्रह पर बुध के दिने सबेरे नारायणी अस्पताल मे भी खाना बांटल गइल अंसारी जानकारी देहले । वाड अध्यक्ष अंसारी सहित वीरगंज १३ के युवा राजकुमार महतो, संदीप यादव, अमीन मियां समेत असहायन के खाना खियावे मे सहयोग करत आइल बा लोग ।

CAT मंगर के दिने वीरगंज बसपार्क मे दोधार मे परल एगो बीमार आदमी के नारायणी अस्पताल पहुचा के भर्ना करवले बा । CAT के सदस्य संजीव मिश्रा के मोबाइल मे फोन आईला के बाद CAT समूह उ जगह पर पहुच के मुश्किल मे रहल उ बीमार व्यक्ति के नारायणी अस्पताल मे पहुचा के भर्ना करवले रहे ।

अस्पताल पहुचल CAT समूह के आदमी लोग के उ बीमार आदमी के साथ साथे दोसार इलाज करारहल लोग के भी खाना के समस्या पता लागला पर पहल कर खाना के व्यवस्था कईल गईल CAT के सदस्य श्याम पटेल जानकारी देहले ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *