कोरोना के वजह से वीरगंज में २ जने के मृत्यु

 कोरोना के वजह से वीरगंज में २ जने के मृत्यु

वीरगंज, ०३ भादो ।
कोरोना संक्रमण के वजह से आजु बुध के दिने पर्सा के वीरगंज में २ जने के मृत्यु हो गइल बा ।

वीरगंज के भिस्वा निवासी ५७ साल उमर भईल एगो पुरुष के मंगर के दिने साढ़े ३ बजे मृत्यु भईल रहे । उनकर आजु बुध के सबेरे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल ह ।

ओइसे ही सावन २७ गते से गण्डक कोभीड़ अस्पताल में इलाज करा रहल वीरगंज विर्ता के ८४ साल के पुरुष के मृत्यु राती साढ़े १० बजे भईल रहे ।

उनकर भी आजु बुध के सबरे रिपोर्ट पॉजिटिव आईल नारायणी अस्पताल प्रयोगशाला जानकारी करवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *