कोरोना संक्रमण के कारण वीरगंज मे एक जने के मृत्यु

 कोरोना संक्रमण के कारण वीरगंज मे एक जने के मृत्यु

वीरगंज, ०४ भादो ।

वीरगंज मे बियफे के संझिया कोरोना संक्रमण के वजह से अउरी एक जने के मृत्यु भइल बा । वीरगंज महानगरपलिका वाड नम्बर १५ प्रतिमा चउक के ७४ साल के पुरुष के आज कोरोना संक्रमण से मृत्यु भइल बा ।

गण्डक बहुवरी स्थित वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड़ अस्पताल मे इलाज के क्रम मे ही उनकर बियफे के संझिया ६:४५ बजे मृत्यु भइल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।

क्षयरोग, मधुमेह आ उच्च रक्तचाप से ग्रस्त उनका जर बोखर, खोकी के साथे निमोनिया के समस्या देखला के बाद सावन २ गते नारायणी अस्पताल के आकस्मिक कक्ष मे भर्ती कईल गइल रहे ।

इलाज के क्रम मे बुध के दिने उनकर स्वाब जम्मा कर के परीक्षण कईला पर कोरोना पुष्टि भइला के बाद उनका के बुध के रात मे वीरगंज हेल्थ केयार अस्थायी कोभिड़ अस्पताल मे भर्ती कईल गइल रहे ।

अस्पताल के आईसीयू मे भर्ती भइल उनकर स्वास्थ्य अउरी बिगड्ला के बाद बियफे के संझिया भेंटिलेटर पर राख़ के इलाज होत समय उनकर मृत्यु हो गइल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *