कोरोना संक्रमण से दुनिया भर मे अभी तक ४ सय १० नेपाली के मृत्यु, सावधानी अपनावे के निहोरा

 कोरोना संक्रमण से दुनिया भर मे अभी तक ४ सय १० नेपाली के मृत्यु, सावधानी अपनावे के निहोरा

वीरगंज, १४ भादो ।

विश्वव्यापी महामारी कोरोना वायरस (कोभिड़-१९) संक्रमण से विदेश मे खाली यी हप्ता ३ जने नेपाली के मृत्यु भइल बा  । गैरआवासीय नेपाली संघ के भीतर के स्वास्थ्य समिति के हिसाब से शनिचर के सांझ तक विदेश मे ही खाली १६ देश मे १९५ जने नेपाली के मृत्यु भईल बा ।

समिति के हिसाब से यी हप्ता बेलायत मे १ जने, यूएई मे २ जने के मृत्यु भइल बा । स्वास्थ्य समिति के संयोजक डा. संजीव सापकोटा के हिसाब से साउथ अफ्रीका, पोर्चुगल, स्पेन, कतार, साउदी अरब समेत देश मे कोरोना संक्रमण बढ़ल बा ।

आस्ट्रेलिया आ यूरोप के कुछ देशन मे कोभिड़-१९ के दुसारका लहर शुरू भईला के बाद नेपाली मे कोरोना संक्रमण बढ़ल रहे । अभी तक विश्व के ३८ देश मे रहल नेपाली सब कोरोना वायरस से संक्रमित भइल बा लोग ।

कोरोना वायरस के कारण नेपाली सहित बेलायत, यूएई, साउदी अरब, बहराइन, कुवेत, कतार, आयरल्याण्ड, जापान, टर्की, नेदरल्याण्ड, स्वीडेन, भारत, साउथ अफ्रीका समेत १७ देश मे रहल नेपाली सब के मृत्यु भइल बा । अभी तक नेपाल बाहेक विदेश मे खाली ३४ हजार ७ सय १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । ३२ हजार ५ सय ११ जने कोरोना संक्रमण पर बिजाय हासिल करत वापस घरे आगाइल बा लोग स्वास्थ्य समिति जानकारी देहले बा ।

ओइसे ही नेपाल मे खाली ३७ हजार ३ सय ४० जने मे कोरोना वायरस से संक्रमित भइल बा लोग जे मे से २० हजार ५ सय ५५ जने कोरोना मुक्त हो चुकल बा लोग । यी कुल संक्रमित्त  के ५५ प्रतिशत बा लोग । शनिचर के सांझा तक नेपाल मे २ सय १५ जने के कोरोना के कारण मृत्यु भइल बा । नेपाल सहित विश्वभर मे कोरोना के कारण अभी तक ४ सय १० जने नेपाली के मृत्यु भइल बा स्वास्थ्य समिति जानकारी देहले बा ।

स्वास्थ्य समिति कोरोना के कहर कम ना भइला से सावधानी आपनावे के आ आपन आपन जगह पर सुरक्षति रहे के साथ ही सावधानी खातिर लकडाउन तथा दोसार सुरक्षाकवच पर विशेष ध्यान देवे के निहोरा कइले बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *