कोरोना संक्रमण से पर्सा में एक जने के मृत्यु

 कोरोना संक्रमण से पर्सा में एक जने के मृत्यु

वीरगंज, ०६ भादो ।

पर्सा में फेरु एक जने के मृत्यु भईल बा । बहुदारमाईं नगरपालिका वाड नम्बर ०४ निवासी ६१ साल के पुरुष के राती ७ बजके १० मिनट पर नारायणी अस्थायी कोभीड़ अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर में मृत्यु भईल बा ।
भादो ०३ गते स्वाब संकलन कईल उनकर ०४ गेट RT PCR परीक्षण के नतीजा पॉजिटिव आईल बा जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा ऑफिसियल फ़ेसबुक मार्फत सार्वजनिक कइले बा ।
श्वाशप्रश्वास में समस्या आइला के बाद उनका के इलाज ख़ातिर भेंटीलेटर पर राखल गईल रहे जहा इलाज के समय ही उनकर मृत्यु भईल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *