कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे रौतहट के युवा के मृत्यु

 कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे रौतहट के युवा के मृत्यु

वीरगंज, १४ भादो ।

कोरोना संक्रमण से रौतहट के अउरी एक जने के वीरगंज मे मृत्यु भइल बा । नारायणी अस्पताल के मातहत मे रहल गण्डक कोभिड अस्पताल मे इलाज हो रहल रौतहट राजपुर तुलसी निवासी ४० साल के एगो युवक के मृत्यु आईतवार के सबेरे ७:४० बजे मृत्यु भइल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहले ।

भादो १२ गते के दिन गण्डक अस्पताल मे इलाज खातिर भरती भाइल उनका पहिले से मधुमेह के समस्या के साथ साथे कडा कोभिड़ निमोनिया देखल गईल रहे उनकर इलाज मे सामील चिकत्सकलोग के कहनाम बा ।

खोकी आ दमा से श्वाश्प्रश्वास मे समस्या आईला के बाद उनका के नारायणी अस्पताल मे इलाज खातिर लियावल गईल रहे । नारायणी अस्पताल के आईसीयू मे राख़ के कोरोना परीक्षण कइला पर नतीजा पॉज़िटिव आइल रहे । ओकरा बाद उनका के आगा के इलाज खातिर गण्डक अस्थायी कोभिड़ अस्पताल मे शिफ्ट कईल गईल रहे कोभिड़ अस्पताल के संयोजक डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहले ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *