कौनो एजेण्डा ना भईला के कारण प्रदेश न. २ के प्रदेशसभा के बईठक स्थगित

77

राजेश अभिराज यादव

जनकपुरधाम, ६ चईत

आजू मंगर के दिन बोलावल गईल प्रदेश न. २ के प्रदेशसभा के बईठक स्थगित हो गईल बा | सासंद सचिवालय सुचना निकालत बिशेष कारण से बईठक स्थगित भईल जानकारी करवले बा | प्रदेशसभा के दुसरका बईठक चईत १२ गते बोलावल गईल बा | एकरा से पहिले फागुन २७ गते बईठक बईठल रहे | प्रदेशसभा बतकही करे के एजेण्डा ना भईला के कारण १० के खातिर स्थगित करते मंगरके दिने बईठक बोलावल गईल रहे | प्रदेश सरकार अभिन तक बतकही खातिर कौनो बिधेयक दर्ता ना करईला के कारण प्रदेशसभा में कौनो एजेण्डा ना भईला से आजू के बईठक स्थगित कईल गईल अइसन जानकारी आईल बा |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here