क्याम्पस द्धारा असुल कइल गइल बढता रकम फिर्ता करेके सहमती

111

trmc pic

बीरगंज, २५ फागुन
त्रिवि से तोकल गइल से जादा रकम क्याम्पस द्धारा असुल भइल के विरोध मे उत्रल बामगठबन्धन निकट बिद्यार्थी संगठन आ ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस प्रशासन वीच आज बढता रकम मिनाहा करेके सहमती भइल बा । अनियमित तरिका असुल कइल गइल रकम फिर्ता के मांग राखत बिरोध मे उत्रल अखिल क्रान्तिकारी आ अखिल बिद्यार्थी संगठन तथा क्याम्पस प्रशासन पक्षवीच आज क्याम्पस मे भइल वार्तामा स्नातकोत्तर तहके भर्नाके क्रममे बिद्यार्थी सबसे जादा लेहल गइल रु ५ सय नालेवे के सहमती भइल ह ।

वार्ता मे विद्यार्थी संगठन के तर्फ से अखिल क्रान्तिकारी के शिवम साह, अखिल के पर्सा जिल्ला सचिव अजित गुप्ता आ क्याम्पस प्रशासन के तर्फ से क्याम्पस प्रमुख प्रमोद कुशवाहा, सहायक प्रधानाध्यापक हरी राज यादव, रोशन लामिक्षाने, क्याम्पस प्रशासकिय अधिकृत राजकुमार श्रीवास्तव लगात के लोग के उपस्थीती रहल रहे ।

यसे पहिले त्रिभुवन बिश्व बिद्यालय से स्नातकोत्तर तह के भर्ना के प्रबेश परिक्ष शुल्क त्रिवि से तोकल रकम से रु ५ सय जादा रकम क्याम्पस से अशुल कइल रकम के फिर्ता के मांग राखत अखिल क्रान्तिकारी आ अखिल से संयुक्त रुप मे क्याम्पस प्रशासन के ज्ञापन पत्र बुझावत ध्यानाकर्षण करइले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here