क्रिकेट में नेपाल के हासिल भईल अभिन तकले के सबसे बडका उपलब्धि

72

२०७४ चैत्र १, वीरगंज

जिम्बाब्वे में हो रहल विश्वकप छनोट खेल के प्लेऑफ में आजु पपुआ न्यू गिनी के हराके नेपाल पहिलका बेर एक दिवसीय (ओडीआई) मान्यता हासिल कइले बा ।

सुपर सिक्स में ना पुगे सकला पर भी ७वा स्थान खातिर भईल खेल में नेपाल विजय होके ई ऐतिहासिक एक दिवसीय मान्यता लेले बा । आजु दोसर खेल में नेदरल्याण्ड्स से हङकङ हारला के चलते भी नेपाल के आसानी से ई मान्यता मिलल। ई मान्यता नेपाल के सन २०२२ तकले रही मतलब सन २०१८ से सन २०२२ तक ।

एकदिवसीय मान्यता मिलला से नेपाल के असीसी से मिलेवाला फण्ड में बढावा होखलाके संघे वर्ल्ड लिग आ इंटरकांटिनेंटल प्रतियोगिता खेल सकत बा। एकरा सघे नेपाल अब एक दिवसीय मान्यता मिलल बडका देश से खेल  सकता ।

ओइसेही एकरा साथे एशिया कप में भी नेपाल के अब आराम से सहभागिता मिल सकी जेमे भारत, श्रीलंका, पकिस्तान, बंगलादेश आ अफगानिस्तान जईसन देश संघे नेपाल खेली ।

एतना बाड़का उपलब्धि हासिल भईला के बाद भी दुख के बात ई बा की नेपाल क्रिकेट संघ आज ले बर्खास्त भईल अवस्था ही बा आ आज ले देशमें बढ़िया स्टेडियम ना बने सकल । नयाँ-नयाँ उपलब्धि के माजा लेवे खातिर नेपाल के ई चिज सब पर भी जल्दीए काम करेके परि ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here