खुला जगहन पर पैख़ाना करेवालन के कानूनी करवाही होई – प्रमुख जिल्ला अधिकारी पौडेल

    137

    बीरगंज , ८ भादो ।

    बीरगंज महानगरपालिका के हर तरह से खुला पैख़ाना मुक्त घोषणा करे के बिषय मे बियफे के दिने संबन्धित लोग बीच बतकही भईल । बियफे के दिने बीरगंज महानगरपालिका के सभा कक्ष मे बईठल बैठक कार्यक्रम मे महानगरपालिका के बाकी रहल वाडन मे समय रहते खुला पैख़ाना मुक्त घोषणा करते महानगरपालिका के अगहन महिना के भीतरे खुला पैख़ाना मुक्त घोषणा करे के निर्णय कईल गईल ।

    बैठक मे सहभागी रहल संबन्धित वाडन के वाड अध्यक्ष लोग से वाड वाड मे पैख़ाना नाबनल परिवारन के आर्थिक अवस्था के बारे मे जानकारी लेत पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी लोकनाथ पौडेल कूवार महिना के अन्तिम तक महानगरपालिका के सारा वाड खुला पैख़ाना मुक्त बनावे के अभियान मे लागे खातिर सारा कोई से निहोरा कईले ।

    उ कहले महानगरपालिका के महानगरपालिका के रूप मे ही पहिचान बनावे खातिर भी खुल्ला पैख़ाना मुक्त बनावे खातिर सारा संबन्धित लोग के जिम्मेवारी हा क़हत कूवार महिना के भीतरे हर परिवार मे पैख़ाना के ब्यावस्थापन करे के काम आगा बढ़ावे खातिर जन प्रतिनिधि लोगन से निहोरा भी कईले । खुला जगहन पर पैख़ाना करेवालन के कानूनी करवाही करे के कानून भी बनगईला से अगहन महिना के १ गते से वाड अनुगमन आ कानूनी करवाही आगा बढ़ावे के बात कहले ।

    कार्यक्रम मे सहभागी लोग के क़हत बीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत डा. भीष्म कुमार भूसाल महानगरपालिका भादो महिना के दुसरका हप्ता से फेरु से सुरू भईल खुला पैख़ाना मुक्त अभियान मे सक्रिय होखे के निहोरा कईले । उ कहले बाकी रहल वाडन मे महिला, युवा, दलित सहित के समिति गठन कर के पैख़ाना के महत्व के बारे मे समझावत पैख़ाना ना भईल परिवारन मे जल्दी से जल्दी पैख़ाना निर्माण के काम मे लागे के संबन्धित लोगन से निहोरा कईले ।

    खुला जगहन मे पैख़ाना करेवला ब्यक्ति पर कानूनी करवाही करे के कानून भादो १ गते से लागू हो गईल बा एकरा बारे मे नगरवासी के जानकारी करावत स्वच्छ आ सफा महानगरपालिका बनावे के अभियान मे सहयोग करे के उ सब कोई से निहोरा कईले ।

    बतकही कार्यक्रम मे उप नगरप्रमुख शुश्री  शांति कार्की, खानेपानी कार्यालय पर्सा के प्रमुख डिभिजनल इंजीनियर धर्मेन्द्र केसरी, यू एन हेविटाटस के केंद्रीय प्रतिनिधि दुर्गा नेपाल, पर्सा के प्रमुख हरी बुढ़ाथोकी, बीरगंज महानगरपालिका के खानेपानी आ सरसफाइ शाखा प्रमुख सुनील कर्ण सहित के उपस्थिती रहल रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here