गरिबि निवारण सामाजिक परिचालक सब से स्थानिय तह मे समायोजन के मांग करत ज्ञापन

    119

    बीरगंज, १२ चैत
    गरिबि निवारण सामाजिक परिचालक संघर्ष समिति, पर्सा आजु जिल्ला प्रशासन कार्यालय मार्फत प्रधानमन्त्री, गरिबि निवारण कोष इकाई कार्यालय, पर्सा आ जिल्ला समन्वय समिति के सभापति ज्ञापन पत्र बुझइले बा । गरिबि निवारण सामाजिक परिचालकह बस काल्हु आइतबार संघर्ष समिति गठन करत ज्ञापन पत्र बुझावे के निर्णय कइले रहे । काल्ह के निर्णय अनुसार ही पर्सा के सामाजिक परिचालक सब आज से फिल्ड के सब कामकाज ठप्प पारत स्थानिय तह मे समायोजनको मांग करत ज्ञापन पत्र बुझावत आन्दोलन मे गइल ह । संघर्ष समिति जिल्ला प्रशासन कार्यालय, पर्सा मे पुग के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी चक्रमणी गौतम मार्फत प्रधान मन्त्री केपी ओली के ज्ञापन पत्र बुझइलख । ज्ञापन पत्र बुझत सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी गौतम सामाजिक परचालक सब के मांग जायज रहल बतावत गरिबि निवारण कोष के अध्यक्ष स्वयम प्रधानमन्त्री रहला से आजुवे ज्ञापन पत्र पठाव के बतइनी ।


    अहीसही आजै संघर्ष समिति से जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा के सभापति नेकमहम्द अंसारी के भी ज्ञापन पत्र बुझावल गइल । ज्ञापन पत्र बुझत सभापति अंसारी अभि भी गरिबि निवारण कार्यक्रम के आवश्यकता रहेला से आ ओकरा खातिर सामाजिक परिचालकहरु के भी अवश्यकता रहला से एकरा खातिर पहल करे के बतइनी । अंसारी प्रदेश सरकार आ संघिय मामिला तथा समान्य प्रशासन मन्त्रालय के पत्र लिख के पहल करे के समेत बतइनी ।


    अहीसही आजुवे गरिबि निवारण कोष इकाई कार्यालय, पर्सा मे भी संघर्ष समिति ज्ञापन पत्र बुझइल । संघष समिति जिल्ला समन्वय समिति मे रहल इकाई कार्यालय मे पुग के जिल्ला कार्य प्रबन्धक रामविन्य पासवान के ज्ञापन पत्र बुझवलख । ज्ञापन पत्र बुझते कार्य प्रबन्धक पासवान सामाजिक परिचालक सब के दुःख आ पिडा सही भइल बतावत अपना से आजुवे गरिबि निवारण कोष के मेल मार्फत जानकारी कराव के बतइनी ।


    ज्ञापन पत्र बुझावे जाए क्रम मे गरिबि निवारण सामाजिक परिचालक कर्मचारी सब स्थानिय तह मे समायोजन गर, श्रम शोषण करे के ना मिली, बिभेद करे के ना मिली, परिश्रम के उचित मापन कर लगायत के नारा लगावत प्रर्दशन समेत कइले रहे ।
    पर्सा मे गरिबि निवारण कार्यक्रम अन्तर्गत विगत ९ बर्ष से ४७ जना सामाजिक परिचालक सब कार्यरत रहेल बा । एल.जि.सि.डि. सामाजिक परिचाल सब के स्थानिय तहमा समायोजन करे के सरकार से तयारी भइला पर गरिबि निवारण सामाजिक परिचाल सब भी आन्दोलित भइल ह । चैत मसान्त से गरिबि निवारण कार्यक्रम के अन्योल रहला के चल्ते जादा समय से नेपाल सरकार के कार्यक्रम अन्तर्गत विभिन्न स्थानिय तह मे काम करत अइला से देश नयाँ संरचना मे गइला पर हमनी सब के स्थानिय तह मे समायोजन करे मांग रहल संघर्ष समिति के कोषाध्यक्ष तुल्सी अधिकारी बतवली । पर्सा से सुरु भइल आन्दोलन आजु बारा मे भी संघर्ष समिति गठन भइल बा एकरा बाद रौतहट, सर्लाही, महतोरी लगायत कार्यक्रम संचालन रहल ४५ जिल्लामा संगठन बिस्ता करत आन्दोलन कडा बनावे योजना रहल संघर्ष समिति के संयोजक समिरि कुमार पटेल बतइनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here