गरिबी निवारण सामाजिक परिचालक सब से भी स्थानिय तह मे समायोजन के मांग

    208

    बीरगंज, ११ चैत /
    गरिबि निवारण सामाजिक परिचाल सब भी स्थानिय तह मे समायोेजनको मांग करत आन्दोलनमा के घोषण कइले बा । पर्सामा कार्यरत सामाजिक परिचालक सब आज बीरगंज मे भेला होके गरिबी निवारण समाजिक परिचालक कर्मचारी संर्घष समिति गठन करत आन्दोलन मे जाए के निर्णय कइलख गरिबी निवारण कर्मचारी सब के भेला समिर कुमार के अध्यक्षता मे ३५ सदस्यि संघर्ष समिति समेत गठन करत आजु से ही आन्दोलन मे जाए के निर्णय कइले बा । जवन समिति के उपाध्यक्ष मे मौलादिन मियाँ, सचिव मे जय शिव पंडित, सह सचिव मे ठग पटेल, कोषाध्यक्ष मे तुलसी अधिकारी रहल बाडे लोग । अहीसही समिति के सदस्य मे राजु पटेल, पशुपती कार्की, अरबिन्द कुमार यादव, इमरान मियाँ, ओमप्रकाश साह, संदेश साह, मित्रदेव प्रसाद यादव, ललन पटेल, रमेश यादव, मनोहर राउत गद्दी, जयकिशोर साह, अकलेश पाण्डे, अमित कुमार मिश्रा, झोटी साह, राजेश प्रसाद कलवार, विजय कुमार कुर्मी, बिनोद कुर्मी, रामाशंकर प्रसाद चौरसिया, हिरालाल प्रसाद चौरसिया, रामानन्द ठाकुर, रामअझोध्या प्रसाद यादव, रबिन्द्र साह कानु लगायत के रहल बाडे लोग ।

    जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा मे भइल गरिबि निवारण कोष मे कार्यरत कर्मचारी सब के भेला बिहान सोमबार जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी मार्फत प्रधानमन्त्री तथा संघिय मामिला तथा समान्य प्रशासन मन्त्रालय आ जिल्ला समन्य समिति मे ज्ञापन पत्र बुझावत आन्दोलन के सुरुवात करे के निर्णय कइले बा । भेला से विभिन्न स्थानिय तह मे संचालित गरिबी निवारण कार्यक्रम के सम्पुर्ण कामकाज बिहान सोमबार से ही ठप्प करत आन्दोलनमा मे जाए के समेत निर्णय कइले बा । गरिबी निवारण कार्यक्रम मे हामनी ९ बर्ष से विभिन्न स्थानिय तहमा कार्यरत रहल अब मुलुक संघिय संरचना मे गइला पर आ गरिबी निवारण कार्यक्रम के चैत महिना से फेस आउट होखे लगला पर कार्यरत स्थानिय तह मे ही योग्ता अनुसार समायोजन होखे के परल सामाजिक परिचालक सब के मांग रहल बा । बिहान सोमबार के ज्ञापन पत्र बझवलाबाद नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के भवन मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करत आन्दोलन के कार्यक्रम घोषण करे के समिति के अध्यक्ष समिर कुमार बतइनी । अध्यक्ष समिर विहान से बारा, रौतहट सर्लाही लगायत के सम्पुर्ण जिल्ला मे संघर्ष समिति गठन करत देश ब्यापी रुपमे आन्दोलन चक्रावे के बतइनी । एल.जि.सि.डि.पी. के समाजिक परिचालक सब के स्थानिय तह के वडा सब मे कार्यालय सहायक के रुपमे समायोजन करे के समान्य प्रशासन मन्त्री लालबाबु पण्डित बतवला पर गरिबी निवारण कर्मचारी सब भी तातल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here