गरीब असहायन के भूख मिटावत ने वि संघ के युवा

 गरीब असहायन के भूख मिटावत ने वि संघ के युवा

वीरगंज, ०९ भादो ।
कोरोना संक्रमण नियन्त्रण ख़ातिर लगावल गईल निषेधाज्ञा में अनेकन पेशा से जुड़ल आम जनता के कमाए के जरिया बन्द भईला के कारण भूखे जीवन निर्वाह कर रहल गरीब परिवारन के वीरगंज के सक्रिय युवा लोग खाना निशुल्क बँटले बा ।
बीतल ५ दिन से लगातार वीरगंज के अनेकन जगह पर उ लोग ख़ाना खियावत आ रहल बा लोग नेपाल विद्यार्थी संघ ठाकुर राम क्याम्पस के इकाई अध्यक्ष मनोज कुमार साह जानकारी करवले ।


वीरगंज में जीवन निर्वाह खतीर रिक्सा, ठेला चलावेवाला लोग के निषेधाज्ञा के वजह से काम बन्द हो गइला से दु बेरा के खाना भी ना मिलला से हमनी दुनु बेरा के खाना व्यस्था कर के खिया रहल बानी उ बतवले ।

वीरगंज के घण्टाघर, माइस्थान, महावीरस्थान, आदर्शनगर, पुरानका बस पार्क, छपकैया समेत के जगह पर पहुच के युवा विद्यार्थी लोग खाना खिया रहल बा लोग । स्थानीय प्रशासन द्वारा लगावल गाइल करीब एक महीना के निषेधाज्ञा से रोजमर्रा के जीवन निर्वाह करेवालन के दैनिकी बहुते कष्टकर बना देहले बा ।


बीतल चइत में लकडाउन शुरू भईला के लागलीए प्रभावित ख़ातिर राहत वितरण में तहगत सरकार आ स्वयंमसेवी लोग सक्रिय रहे और पिछला निषेधाज्ञा से यी सक्रियता बहुत घटल बा ।
अइसन अवस्था मे दैनिक काम कर के जीवन चलावेवाला के भूखे रहे के अवस्था आइला से कुछ सहयोगी लोग के सहकार्य आ समन्वय से प्रभावित लोग खातिर सबेरे संझिया दुनु बेरा के खाना के व्यवस्था मिलावल गईल उनकर कहनाम रहे ।
अभि वीरगंज के अनेकन जगह के लगभग १०० आदमी के दुनु बेरा के खाना खियावल जा रहल बा साह बतवले ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *