गहू के खेत मे लुका के राखल चरश प्रहरी के कब्जा मे

139

पोखरिया, २५ चईत

मिती २०७४/१२/२४ गते शनिचर के दिने रात के करीब २:१० बजे मिलल बिशेष सूचना के आधार पर सशस्त्र प्रहरी बल पोखरिया द्वारा चरश बरामद कईल गईल ।

सश्स्त्र प्रहरी बल नेपाल सुरक्षा बेश पोखरिया के मिलल बिशेष सूचना के आधार पर प्रहरी टोली जिल्ला पर्सा पोखरिया नगरपालिका वाड न. २ स्थिति गहू के खेत मे लुका के राखल चरश प्रहरी अपना कब्जा मे लेहले बा ।

सूचना प्राप्त होते पोखरिया से खटल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया से प्र. नि. समेत के प्रहरी टोली चरश भईल जगह पर चहुपल । ४८ किलो तैयार चरश आ चरश बनावे वाला काच समान ३२.२५ किलो बरामद कर के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे रख़लख आ ओह कारोबार मे सामेल आदमी के खोज तलास शुरू कईलस ।

 

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here