गाँवपालिका स्तरिय नक–आउट क्रिकेट प्रतियोगिता में ईटियाही विजयी

215

वीरगंज, ७ जेठ ।

सामाज विकास समिति कलेया, बारा के आयोजना मे आ बिश्रामपुर गाँवपालिका के सहयोग मे संचालित गाँवपालिका स्तरिय नक–आउट प्रतियोगिता के तिसरा खेल आजु ईटियाही क्रिकेट क्लब आ बलिरामपुर क्रिकेट क्लब बिच सम्पन्न भइल बा ।

टस हारत बैटिङ कइल बिश्रामपुर क्रिकेट क्लब निर्धारित २० ओभर मे समुचा विकेट के नोक्सानी पर १ सय २२ रन मात्र बनइले रहे । १२३ रन के बिजय लक्ष्य पुरा करे खातिर फिल्ड मे उतरल ईटियाही क्लब १७ ओभर मे ही लक्ष्य पुरा कइले रहे ।

ईटियाही क्रिकेट क्लब के ओर से सराजुल मियाँ महत्वपुर्ण ८० रन बनावके साथे ३ ओभर बलिङ करत ९ रन देत ४ विकेट लेहले रहले जेकरा करते उनका के म्यान अफ दि म्याच भी घोषित कईल गईल रहे  । उनका के समाज विकास समिति संस्था के सचिव बृजकिशोर साह अउरी सह-सचिव जया साह द्वारा पुरस्कार प्रदान कइल गइल आयोजक संस्था के अध्यक्ष शैलेन्द्र त्रिपाठी बतइनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here