गारजियन विहिन लइकन के मिलल जनमदर्ता

113

विमला गुप्ता, वीरगंज । भादों २४ ।

पर्सा जिल्ला के गारजियन विहिन २ जने लइकन के जनमदर्ता बनल बा । वीरगज महानगरपालिका आ ‘आवर संसार बाल गृह’ के पहलमें वार्ड नं. ३२ बेल्वा के १३ वरीष के लइका भोला साह कलवार आ उन्कर भैया १५ वरिष के राहुल साह कलवार के जनमदर्ता बनल बा । दु जने गारजियन विहिन लइका के वार्ड अध्यक्ष चुमन दास थारु के विशेष सकृयता में जनमदर्ता बनल बा ।

दुनू लइकन के दादा के मौत भइला के बाद ५ वरिष पहिले क्यान्सर रोग लाग के बाबूजी के भी मौत भइला से घर के आर्थिक अवस्था कमजोर भइला से माई के साथे दुनू भाई वीरगंज आ गइलन । बाबुजी बिना दुनू लइका माई के सहारा में बाचे लगलन । बाकिर माई भी कुछ समय के बाद दोसर वियाह कर लेहला बाद दुनू लइका गारजियन विहिन होगइलन ।

गावँ छोड़ के सदरमुकाम वीरगंज पहुचल लइका सभन अपनाइतके खोजे ना सकलन । पटिदार लोग भी कभि खोजबिन ना कइलन । ८ वरिष के भोला के भैया राहुल के उमीर ओह बेरीया १० वरिष के रहे । ओकरा बाद दुनू लइका सड़क पर के  प्लाष्टिक बिनके काबाड़ में बेचके सड़क पर ही दिनरात गुजारे लगलन । कुछ समय बाद भैया राहुल भी भाई भोला के छोड़ के सिमा पार भारत चल गइलन । छोट भाई भोला ओकरा बाद अकेले वीरगंज के गल्ली सभन में सड़क बालबालिका के रुप में दिन रात बितावे लगलन ।

सड़क में अकेले बौवा रहल ८ वरिष के लइका भोला के एकदिन पर्सा पुलिस देख के करीब चार पाच बरिस आगडि सड़क पेटी से उद्धार कके वीरगंज–२१ लिपनी विर्ता में रहल उपरोक्त बाल गृह के जिम्मा लगा देहलन । एहतरे अभिभावक विहिन लइका भोला संस्था के निगरानी मे रहके परवानीपुर के मोर्डन सेकेन्डरी स्कूल मे अध्यन सुरु कइलन ।

कभी स्कुल ना गइल बालक अभी कक्षा ४ में अध्ययनरत बाड़न । पढे में तेज भइला से गृह में विशेष कक्षा के व्यवस्था करके श्रेणी बढावत उन्कर पढ़ाई आगे पहुचावल गइल आवर संसार संस्था के प्रमुख मुकेश साह बतवनी । संस्था के प्रमुख साह के अनुसार गारजियन विहिन लइकन के बिना जनमदर्ता स्कुल भेजे में बहुते दिक्कत भइल बाकिर संस्था के विशेष पहल में निजि स्कुल में भर्ना करावल कहत सरकारी स्कुल में बिना जनमदर्ता के भर्ना में दिक्दारी भइला से अब बनगइला बाद सहज भइल बतवनी ।

प्रमुख मुकेश साह के अनुसार गारजियन विहिन लइकन के मेन समस्या जन्म दर्ता ना भइल ही रहे, जेकरा कारण कानुनी हरेक काम में कठिनाइ होखत रहे । संबिधान में गारजियन विहिन लइकन के जनमदर्ता आ नागरीकता के बिषय में वार्ड अध्यक्ष, जिल्ला बाल कल्याण तथा जिल्ला प्रशासन कार्जालय के सिफारीस में बना देवे के व्यावस्था भइलाबाद भी कइयन बेर सम्बन्धित व्यक्ति के ढिलाइ के कारण ओइसन लइकन जन्म दर्ता तथा नागरीकता के अधिकार से बञ्चित रहेके अवस्था हो जाला बाकिर बेल्वा के वार्ड अध्यक्ष चुमन दास थारु सहजे ऊ लइकन के सुचक बनके जनमदर्ता प्रदान करा देहल सराहनिय काम भइल बतवलन ।

बाल गृह में भोला के अइला बाद उन्कर उमिर छोट भइल आ अभिन ऊ गाँव  के नाम ठेगाना बतवला बाद जन्म दर्ता के खातिर बेल्वा पुहुचल प्रमुख साह के कहनाम बा । वीरगंज के लक्षमनवा १५ में रहल आपन फुवा के घर मालुम भइला बाद भैया राहुल भारत के बैंङ्गलोर पहुच के अभीन फुवा के घरे कमाके जिवन गुजारा करत भेटइलन । एहतरे गारजियन विहिन लइकन के जनमदर्ता ना भइला बाद दुनू जने के आवर संसार संस्था के विशेष पहल आ वीरगंज महानगरपालिका के समन्वय में आ वार्ड कार्जालय के सहजोग में जनमदर्ता बनल बा ।

अभीन दुनू लइकन जनमदर्ता पाके खुश बाड़न । आवर संसार गृह में अभीन गारजियन विहिन ९ बर्ष से १३ बर्ष तक के ५ जने लइका के जनमदर्ता नइखे बने सकल बाकिर एह पर जिल्ला प्रशासन कार्जालय गम्भिरता पुर्वक अनुसन्धान करे त ओइसन कइयन लइका के भी जन्म दर्ता आ नागरीकता मिल सकेके संस्था प्रमुख साह के कहनाम बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here