गाड़ी के जगह जर्जर सड़क पर नाव चलाके आ गुलाब के फूल देके विरोध प्रदर्शन

    243

    रक्सौल, बिहार । १९ , सावन ।

    नेपाल – भारत बॉर्डर पर स्थित मैत्री पुल के नियरे भारी मात्रा में पानी के जमाव सहित जर्जर भईल सड़क पर सड़क के स्थिति सुधारे खातिर सरोकारवाला पक्ष द्वारा कवनों किसिम के कदम ना चालल गईल क़हत स्थानीय युवा के एक टोली द्वारा सड़क पर जमल पानी पर नाव चलाके विरोध प्रदर्शन भईल बा । उक्त युवा टोली के नेतृत्व में रवि मस्करा कईले रहले ।

    सड़क के जर्जर हालत पर रक्सौल के अधिकारी आ आम जनता के ध्यान आकृष्ट करे खातिर बीच सड़क पर नाव के परिचालन कईल गईल रहे । साथ ही साथ प्रदर्शन के द्वरान सड़क होके आएजाए वाला लोगन के भेंट स्वरूप गुलाब के फूल भी दिहल गईल मस्करा बतवनी ।

    प्रदर्शन बाद युवा लोगन के टोली अनुमंडल कार्यालय पहुच के एसडीओ अमित कुमार, डीएसएलआर मनीष कुमार अउरी निर्वाचन पदाधिकारी कपिल शर्मा, अनुमंडल दंडाधिकारी शंभू पाण्डेय लगायत के गुलाब के फूल भेंट स्वरूप प्रदान कईल गईल रहे ।

    फूल देत बेर पदाधिकारी लोगन से ‘हमनि रक्सौलवासी पर तरस खाई अउरी समस्या के जल्दी से जल्दी दूर करी , इहे आशा के साथ ज्ञापन पत्र देवे आइल बानी’ निहोरा कईल गईल रहे ।साभार ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here