गैरसरकारी संस्था के प्रमुखन संघे CAT के बइठक, सहकार्य में सहमति

 गैरसरकारी संस्था के प्रमुखन संघे CAT के बइठक, सहकार्य में सहमति

वीरगंज, ०५ भदौ ।

पर्सा में हो रहल बन्दी से आमजनता के जनजीवन असमान्य बनत गईल आ दैनिक कमा के जीवन निर्वाह करेवालन के जीवन अउरी बतर आ कष्टकर बनला के कारण CAT पर्सा ओकर व्यवस्थापन में जुटल बा ।

निषेधाज्ञा आ कोरोना के महामारी से दिनदुखि आ गरिबन के जिवन चक्र बहुते खराब तरीका से असर कइले बा उ सारा अवस्था के देखत CAT पर्सा ओकर व्यवस्थापन करे ख़ातिर गैर सरकारी संस्था के प्रमुखन से शुक्रबार बइठक करत बतकही कइले बा ।
बतकही में अनेकन गैरसरकारी संस्था के प्रतिनिधीयन CAT पर्सा संघे सहकार्य करे ख़ातिर तैयार बा लोग नेपाली काग्रेस के पर्सा सचिव तथा CAT के सदस्य श्याम पटेल जानकारी देहले ।
महामारी के यी समय में आपन सामाजीक उत्तरदायित्व अन्तरगत असाहाय आ आवश्यक्ता होखेवाला के सहयोग में जुटे के प्रतिब्द्धता जनावत सदस्य पटेल जानकारी करवले ।
एने बइठक में कोरोना नियन्त्रण में गैरसरकारी संस्था के प्रमुख भुमिका के बारे में एक आपस में अन्तरक्रियात्मक बिचार बिमर्स भईल तत्कालिन संघिय समाजवादी पार्टी के पर्सा सचिव तथा CAT पर्सा के सदस्य तबरेज अहमद जानकारी देहले ।

उ आजु सबरे से ही दैनिक ज्यालादारी करेवालन ख़ातिर वीरगञ्ज वडा नं. १३ के युवनद्धारा संचालन कईल गईल निः शुल्क मेस संघे सहकार्य करे के सहमती के भी जानकारी देहले।
बइठक में एनजिओसिसि के संयोजक ईब्राहिम देवान, CAT पर्सा के सदस्य संजिव मिश्रा, दिव्य युवा क्लब के रामाकान्त पटेल, रुस्मत अंसारी, राजकुमार महतो समेत दोसर गैर सरकारी संस्था के प्रतिनिधीयन के भी सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *