गैर आवासीय संघ अमेरिका के अध्यक्ष मे सुनील साह के एतिहासिक जीत

310

अमेरिका, ०६ जेठ ।

गैरआवासीय संघ अमेरिका के अध्यक्ष मे सुनील साह के एतिहासिक भइल बा । २०१९-२०२१ कार्यकाल खातिर भइल निर्वाचन मे सुनील साह भारी मत से बीजयी भइल बाड़े । निर्वाचन आयोग के देहल जानकारी मुताबिक जम्मा ७ हजार ३ सय ५७ जने मतदान कईले रहे लोग । जे मे से सुनील साह ३,५७६, उनकर प्रतिद्वंदी सूर्य लमसाल १,९५२ आ दोसरका प्रतिद्वंदी संजय थापा १,८०८ मत प्राप्त कईले रहले । २१ जने नो भोट कईले रहे लोग ।

बितल ढेर दिन से साह अमेरिका मे रहत आइल बाड़े । साह अमेरिका मे संचार प्रविधि सम्बन्धी ब्यावशाय भी कर रहल बाड़े ।

सामाजिक काम मे सक्रिय नव निर्वाचित साह, अमेरिकी नेपाली के बीच एगो नाम चलल ब्यक्तित्व हउवे । सहयोगी भावना रखे वाला सुनील साह “भिजिट मधेस” के फाउंडर के साथ साथे नेपाल मे अनेकन सामाजिक काम भी करत आ रहल बाड़े ।

साह निर्वाचन समिति सदस्य, सल्लाहकार, बरिष्ट उपाध्यक्ष होते हुवे एनआरएनके आवेवला कार्यकाल खातिर अध्यक्ष उमेदवार मे मैदान मे उतरते जीत हासिल कईले बाड़े ।

साह निर्वाचन समिति सदस्य, सल्लाहकार, बरिष्ट उपाध्यक्ष होखत एनआरएन के आवेवाला कार्यकाल के खातिर अध्यक्ष के उम्मेदवारी मे बहुमत से जीत हासिल कईले बाड़े । सूचना प्रविधि क्षेत्र मे सक्रिय साह लगभग १५ साल पहिले मास्टर डिग्री करे खातिर अमेरिका आइल रहले । लगभग ७ साल से एनआरएन से जुड़ के काम कर रहल के अनुभव, दक्षता देख के नेतृत्व देवे के उदेश्य से आम गैरआवासीय नेपाली लोग अपना पक्ष मे मतदान कईले लोग जीत के खुशी प्रकट करत साह कहले ।

गैर आवासीय नेपाली के आधिकार के पक्ष मे नेपाल सरकार से चल रहल सम्झौता निसकर्ष मे पाहुचावे लाय, नेपाली बिधार्थी लोग के समस्या आ ओकर समाधान सहित के अमेरिका मे रह के आम नेपाली लोग के पक्ष मे खड़ा रहे के आपन प्रमुख उदेश्य ले के साह चुनावी मैदान मे उतरल रहले । गैरआवासीय नेपाली लोग के नागरिकता समस्या से ले के समस्या मे परल नेपाली लोग के संबन्धित जगह पर पहुच के आवाज उठावे के पहिले जइसे ही प्रयास लगातार अध्यक्षता समहरला के बाद भी चलत रही बतवले ।

दु साल मे संस्थागत पारदर्शी, लीडरसीप सहित एनआरएन के अपना तरफ से बढ़िया आ मजबूत राखे के बहुते प्रयास कईले बाड़े साह बतवले । मतदाता लोग हमरा पक्ष मे मतदान कर के हमरा के नेतृत्व वाला जगह पर पाहुचवले बा लोग एनआरएन के विवादरहित बना के आम गैरआवासीय नेपाली लोग के हक आ हित खातिर सदैव खड़ा रहेम आ अभी के काम के निरंतरता देत एनआरएन के सब के एनआरएन बानएम साह कहले ।

नेपाल के एतिहासिक सहर जनकपुर मे जनमल सुनील साह, सन २००४ मे आगा के अध्यन्न खातिर अमेरिका आइल रहले । अमेरिका के फ्लॉरिडा स्थित एटलांटिक यूनिभार्सिटी से उ इंजीनियरिंग मे मास्टर डिग्री पूरा कईले बाड़े । पेशा से कंप्यूटर इंजीनियर रहल साह नेपाली समुदाय के घना बस्ती रहल टेक्सास राज्य के प्लानो मे रहेले । सन २०११ से उ एनआरएन अमेरिका मे रह के काम करत आइल बाड़े ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here