गैसस महासंघ नेपाल पर्सा के ७ वां अधिवेशन द्धारा छठु साह के अध्यक्षता मे नयाँ जिल्ला कार्य समिति चयन

118

वीरगंज , ३ चैत
गैसस महासंघ नेपाल, पर्सा के ७ वां अधिवेशन आजु पोखरिया मे सम्पन्न भइल बा । अधिवेशन छठु साह के अध्यक्षता मे नयाँ जिल्ला समित चयन करत पुरा भइल ह । श्री जिल्ला उच्चांगल मा. बि. पोखरिया मे भइल अधिवेशन द्वारा साह के अध्यक्षता मे ११ सदस्यीय नयाँ जिल्ला कार्य समिति चयन कइले बा । जवन समिति के उपाध्यक्ष मे अर्चना कुमारी गुप्ता, सचिव मे चन्देश चौहान, उपसचिव मे प्रभात मिश्रा आ कोषाध्यक्ष मे मनोज यादव चयन भइल बाटे लोग । अईसही सदस्य सब मे अरबिन्द कुमार साह, ललन कुमार पटेल, मनोज कुमार यादव, सुचित्रा सहनी, सायदा खातुन आ रंजु कुमारी राम चुनाइल निर्वाचन अधिकृत अधिवक्ता रामनारायण कुर्मी बताइनी ।


ऐसे पहिले गैसस महासंघ नेपाल पर्सा के ७ वां अधिवेशन के उदघाटन जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा के सभापति नेकमहम्द अंसारी आ पोखरिया नगरपालिकाका के मेयर दिपनारायण रौनियार संयुक्त रुपमे कइले रहनी लोग । कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी सभापति अंसारी आ बिशिष्ठ अतिथी मेयर रौनियार संयुक्त रुपमे मैनबती बार के अधिवेशन के उदघाटन कइले रहनी लोग । उदघाटन कइला के बाद कार्यक्रम के सम्बोधन करत बिशिष्ठ अतिथी मेयर रौनियार गैसस सब के बिना विकास सम्भव ना रहल बतइनी । द्वन्द्धकाल से जनप्रतिनिधि विहिन रहल अवस्था मे गैसस सब के योगदान भुलेके ना मिली बतावत रौनिया सबदिन गैसस सबके सहयोग खातिर हर हमेसा तयार रहल बतइनी ।


महासंघ, पर्सा के वर्तमान अध्यक्ष साह के अध्यक्षता मे भइल अधिवेशन गैसस महासंघ पर्सा के निवर्तमान सचिव चन्देश चौहान से प्रस्तुत कइल गइल संगाठनिक तथा प्रगति प्रतिवेदन तथा कोषाध्यक्ष मनोज यादव द्धारा प्रस्तुत कइल गइल आर्थिक प्रतिवेदन पारित कइले रहे । अधिवेशन मे गैसस महासंघ नेपाल के प्रतिनिधि गैसस महासंघ २ नं. प्रदेश के संयोजक रामचन्द्र साह, प्रदेश सदस्य नरेश जयसवाल, पत्रकार लालबाबु बनिया, धर्मेन्द्र चौरसिया, दिनानाथ साह लगायत के सहभागिता रहल रहे त कार्यक्रम के संचालन शम्भु कुमार सुमन कइले रहनी ।


नवनिर्वाचि पदाधिकारी सब के अधिवेशन स्थल मे ही निर्वाचन अधिकृत अधिवक्ता कुर्मी सपथ ग्रहण समेत करइले रहनी । सपथ ग्रहण कइला के बाद बोलत नवनिर्वाचित अध्यक्ष साह ई कार्य समिति के कार्यकाल मे गैसस महासंघ नेपाल, पर्सा के जग्गा खरिद करके आपन भवन बनावेके बतइनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here