गोविन्द केसी के समर्थन में वीरगंज के चिकित्सक आन्दोलित

 गोविन्द केसी के समर्थन में वीरगंज के चिकित्सक आन्दोलित

वीरगंज, ९ कुवार ।

मेडिकल क्षेत्र में सुधार के माग करत अनसनरत प्राध्यापक डाक्टर गोविन्द केसी के समर्थमन में वीरगञ्ज में आजुओ प्रदर्शन भईल बा ।
वीरगञ्ज में नेपाल चिक्तिसक संघ नारायणी अञ्चल शाखा में आवद्ध चिकित्सक प्रदर्शन कइले बा लोग ।

अस्पताल के चिकित्सक संघ के कार्यालय में एगो कार्यक्रम आयोजना कर के कुछ फे प्रदर्शन कइले बा लोग ।

प्रहरीले डाक्टर गोविन्द केसी संगे कईल अभद्र व्यवहार के खातुर माफी माँगत उनकर सम्पूर्ण जायज माग के सरकार पूरा करे के परल कहत प्रदर्शन कइले रहे लोग ।

चिकित्सक काल्हे से हात में करिया पट्टि बान्ह के सांकेतिक विरोध समेत करत आईल बा लोग ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *