गौर भन्सार के राजस्व वृधि वृद्धि, सशस्त्र प्रहरी के बोर्डर एरिया में क्विक एक्शन

125

अमित ठाकुर।रौतहट।माघ ११।

रौतहट जिल्ला के सदरमुकाम गौर में रहल भन्सार कार्यालय के अार्थिक बर्ष के राजश्व में वृद्धि भइल देखल गइल बा। सशस्त्र सिमा सुरक्षा बल गौर भन्सार के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक दिपक राज भट्ट के अईला बाद गौर भन्सार के राजश्व में वृद्धि भइल लउकल बा । गत अार्थिक बर्ष  में राजश्व में कमी रहल बाक़िर ई अार्थिक बर्ष के महिना में अनुमान से भी जादा राजश्व उठल बा । 

बोर्डर एरिया में सशस्त्र प्रहरी के क्विक एक्सन के कारण सावन महिना से अभिन तक अनुमानित राजश्व से जादा उठल देखल गइल । खुल्ला बोर्डर एरिया भइला के करते पिछिलका अार्थिक बर्ष में तस्करी के कारण अनुमानित राजश्व से कम उठल रहे । बाक़िर सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक दिपक राज भट्ट द्वारा तस्करी पर कड़ाई कईला बाद से हरेक महिना में अनुमानित राजश्व से जादा उठे लागल देखल गइल ।

खुला बोर्डर भइला से तस्करी पुर्ण रुप से बन्द ना हो सकी सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक भट्ट के कहनाम बा । बाक़िर सशस्त्र प्रहरी के क्विक एक्शन के कारण गत बर्ष से जादा ई बर्ष तस्करी में भारी कमी भइल देखल गइल बा । अपकिर के अार्थिक बर्ष के सावन महिना में अनुमानित रु १,३२,४८००० संकलन होखे के जगह रु १,७०, ९७५२२ संकलन भइल बा । भादों महिना में १२२% जादा राजश्व उठल बा ।

ओइसही कूवार महिना में १६८ % जादा राजश्व उठल बा । कातिक महिना में १२४ % जादा राजश्व उठल रहे । अगहन में १४१ % आ पुस महिना में १२७ % जादा राजश्व उठल बा । आउर बाँकी रहल महिना में भी बोर्डर एरिया के पुर्ण रुप से कड़ाई कर के एसे भी जादा राजश्व उठावे के अनुमान रहल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक भट्ट जनवले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here