गौर भन्सार मे कर्मचारी लोग के दादागिरी, वास्तविक कर से बेसी पैसा नादेला पर भन्सार ना काटाला

168

अमित ठाकुर

रौतहट, चैत ०९

रौतहट जिल्ला के गौर नगरपालिका मे रहल नेपाल भारत सिमा नाका के गौर भन्सार कार्यालय मे कर्मचारी लोग के दादागिरी चलत बा कहके एक जने पिडित के आरोप बा।

BR 30 S 4634 नंबर प्लेट मोटरसाइकल के आजू सबेरे गौर भन्सार जाके मोटरसाइकल के भन्सार काटेके कहला पर भन्सार के कर्मचारी के कहनाम रहे की २ सय रुपैयाँ देवल जाव तबे भन्सार कटाई । मोटरसाइकल के अोरिजनल कागज ना रहला पर वास्तविक भन्सार जम्मा एक दिन के ११३ रुपैया मात्र हवे, बाक़िर इहे मौका देख के उपस्थित कर्मचारी वास्तविक कर से जादे  २०० रुपैया मांगे के हिम्मत कैलस पीड़ित के आरोप बा।

ओकर बाद पीड़ित द्वारा भन्सार के कर्मचारी से पुछला पर की काहे २ सय रुपैयाँ दिही, मोटरसाइकल के १ दिनके भन्सार त जम्मा ११३ रुपैयाँ हवे, त एपर भन्सार के कर्मचारी के कहनाम रहे की २ सय ना देब त तोहार भन्सार ना काटेम, तोहरा जाथी करेके बा कर ला कहके पीड़ित के दावा बा ।

कर्मचारी के दोहरा चरित्र

उक्त मोटरसाइकल के एनसुरेन्स पेपर देखावला पर भी भन्सार के कर्मचारी द्वारा भन्सार ना काटल गईल बाक़िर आजू से कुछ दिन पहिले उहे मोटरसाइकल के बिना अोरिजनल कागज के उहे भन्सार कर्मचारी द्वारा ओह बेर भन्सार काटल गईल रहे ।

ई प्रशन उक्त कर्मचारी के पुछला पर कवनों जवाब ना नादहले, बल्कि ओह बेर गल्ती भइल रहे अभी ना होई कहके जवाब देहल पीड़ित कहनाम रहे । आगर भन्सार नईखे काटे के त ना काटी माकिर ई ११३ रुपैया के जगह २०० रुपैया काहे ?’ पीड़ित के ओरहन पर कर्मचारी के जवाब रहे – ‘ईहवा अइसने बा’ ।

रौतहट भन्सार के ई एक मात्र गल्ती ना हवे बालुक भारत से आवेवाला समान सब पर भी कर्मचारी लोग भारी कमिसन लेके जादा वजन के माल समान के कम परिमाण बता के राशजश्व छली ब्यापक रूप से कर रहल स्थानीय के भी आरोप बा ।

भन्सार पर सीधा-सादा ब्यक्ति लोग से बिना पैसा असुलले भन्सार के कर्मचारी द्वारा कवनों किसिम के काम ना करेके आदत बैठ गइल बा पिडित के थप आक्रोस रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here