ग्यास अधिकृत बिक्रेता संघ, पर्सा के अध्यक्ष बीरेन्द्र साह सहित के कार्य समिति

बीरगंज, २८ माघ
ग्यास अधिकृत बिक्रेता संघ, पर्सा के पांचौ साधारण सभा से नयाँ कार्य समिति के अध्यक्ष मे बीरेन्द्र साह चुनाइल बानी । शनिचर के नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के भवन मे भइल साधारण सभा साह के अध्यक्षता मे २१ सदस्यि ग्यास अधिकृत बिक्रेता संघ, पर्सा के नयाँ कार्य समिति चुनले बा । जवन समिति के उपाध्यक्ष मे इन्द्रजित रौनियार, मनोरञ्जन साह, सिन्धु कुमारी साह महासचिव मे विनयलाल साह, सचिव मे रामनाथ साह, कोषाध्यक्ष मे कुन्दन श्रेष्ठ रहल बानी ।


यहीसही सदस्य सब मे निरञ्न साह, रामकुंवर, अनिल श्रेष्ठ, विकास साह, विष्णु यादव, कुरान अंसारी, सिकेन्द्र पटेल, राजेश गुप्ता, शर्मालाल साह, रुपेश पटेल, राजन कुशवाहा, सुरेश गुप्ता, नरेन्द्र साह, रुपेन्द्र कुमार गुपता रहल बानी । संघ के अध्यक्ष महेन्द्र कुंवर के अध्यक्षता आ बीरगंज उधोग वाणिज्य संघ के उपाध्यक्ष शुबोध गुप्ता के प्रमुख आतिथ्यता मे सधारण सभा भइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here