ग्यास लिक से भइल आगलागी से बिरगंज के एगो दम्पती घायी

998

वीरगंज ३० पुस ।

वीरगंज महानगरपालिका के वडा नम्बर ११ श्रीपुर स्थित एक घर में आगी लागला से एक दम्पती घायी भइल बा । महानगरपालिका के वडा नम्बर ११ श्रीपुर स्थित हिरा महतो धानुक के घर में सोमार के सबेरे बिधुत सर्ट सर्किट से आगलागि भइला पर उनकर बेटा ३५ वर्षीय जगरनाथ महतो धानुक आ पतोह ३० वर्षीय सुनिता देवि धानूक घायी भइल बा लोग । दुनु दंपति में से सुनीता देवि गम्भीर रूप से घायी बाड़ी, उनकर शरीर पर आगी लागला से अवस्था गम्भीर बा त ओने जगरनाथ महतो के हात गोड़ जरल बतावल गईल बा ।

सबेरे घर में बिजुली के लाइन के बनावत घरी बिधुत सर्ट होके कोठरी में रहल टेलिभिजन पडकल रहे आ ओकरा चलते उहे कोठरी में राखल खाना बनावेवाला ग्यास सिलिन्डर भी पड़कला से आगी घर भर फ़ईल के भंकर रूप लेले रहे । वीरगंज महानगरपालिका के बारुण यन्त्र, स्थानीयवासी आ प्रहरी के सहयोग में आगलागी के नियन्त्रण में लेहल गईल रहे।

आगलागी से घायी दंपति में से गंभीर अवस्था में रहल सुनीता देवी के काठमांडू रिफर कईल गइल बा त ओने जगरनाथ महतो के नारायणी उप क्षेत्रीय अंचल अस्पताल में इलाज हो रहल वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रमुख प्रहरी निरीक्षक चक्र बहादुर मल्ल जानकारी देहले बानी।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here