गढ़ीमाई दर्शनार्थी के ट्रायक्टर से किचा के मृत्यु भईल ।

908

वीरगंज, १७ अगहन ।

गढ़ीमाई दर्शन करे आइल एगो दर्शनार्थी के ट्र्याक्टर से किचा के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला आदमी सर्लाही बरहाथवा नगरपालिका वाड नम्बर – ५ के निवासी अंदाजन ६० साल के राजा राय रहले प्रहरी जानकारी करवले बा ।

गढ़ीमाई मन्दिर के नियारा उतर ओर पार्किंग एरिया मे सुतल सपरिवार करीब १ बजे के समय मे नम्बर ना चढ़ल अनटेष्ट बलवान ट्र्याक्टर से किचा के राय के मृत्यु हो गईल, प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी उपरीक्षक बिकास राज खनाल जानकारी करवले ।

मृतक राय के लाश के पोष्ट मार्टम खातिर जिल्ला अस्पताल कलेया मे भेजल गईल आ ट्रायक्टर के प्रहरी आफ्ना नियंत्रण मे लेहले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here