२५ माघ, वीरगंज

सानो पाइला से आयोजित महिला हिँसा विरोध के अभियान मे पर्सा जिल्ला मे बाल विवाह आ दहेज के लेके आजु बहुत संघ-संस्था सबके प्रतिनिधि आ महिला अधिकारकर्मी लोगन के बीच “फोकस्ड ग्रुप डिस्कसन” सफलता के साथ सम्पन्न भईल बा। सानो पाइला के शैलेन्द्र त्रिपाठी द्वारा सहजीकरण कईल गईल कार्यक्रम मे सँस्था के सचिव डाक्टर शुष्मा तिवारी के सभापतित्व मे समपन्न उ कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि प्रदेश-२ के प्रदेश सभा सदस्य करिमा बेगम आ वीरगन्ज महानगरपालिका के प्रतिनिधि मुकेश गुप्ता अतिथि रहनी लोगन।

घरेलु महिला हिँसा, बाल विवाह आ दहेज प्रथा के विरोध मे चेतनामुलक सन्देस आ कानुनी व्यवस्था के बारे मे “दहेज एवम सामाजिक कुरीति विरुध जागरण मन्च पर्सा” के संरक्षक अधिवक्ता सुरेन्द्र कुर्मी प्रस्तुतीकरण कईले रहनी। पर्सा जिल्ला से घरेलु महिला हिँसा, बाल विवाह आ दहेज प्रथा के अन्त करे पर सहभागी लोग जोड देत सब केहु सामुहिक प्रतिबद्दता जनईनी। कार्यक्रम मे सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु, जसपाल सिंह, नेता ओमप्रकाश सर्राफ, नेतृ मुन्नी श्रीवास्तव, नेतृ रम्भा मिश्रा, नेतृ मिनु ठाकुर, दर्शना झा, ब्रिजेश्वर चौधरी, मोनिका सिंह, कोपिला चौरसिया, राजकुमारी उपाध्य, मालती कुशवाहा सबके सहभागिता रहल रहे।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here